[the_ad_group id="30365"]

IRM एनर्जी के IPO में निवेश के आज आखिरी मवका: सेंसेक्स में 160 अंक के गिरावट, एकरा 30 शेयरन में से 19 में गिरावट आ 11 में तेजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन आज माने सुक (20 अक्टूबर) के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स करीब 160 अंक फिसलके 65,473 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा, निफ्टी में 50 अंक के गिरावट भइल बा, ई 19,575 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 19 में गिरावट आ 11 में तेजी देखे के मिल रहल बा।

IRM एनर्जी लिमिटेड के IPO में निवेश के आज आखिरी मवका

गैस डिस्ट्रीब्यूशन कंपनी IRM एनर्जी लिमिटेड के IPO सब्सक्रिप्शन के आज आखिरी दिन हs। एह IPO के माध्यम से कंपनी 545.40 करोड़ रुपिया जुटावल चाहत बिया। 31 अक्टूबर के बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) आ नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) पs कंपनी के शेयर लिस्ट होई। IPO के प्राइज बैंड ₹480-₹505 प्रति शेयर बा।

एक दिन पहिले मार्केट में रहल रहे गिरावट

एकरा पहिले बिहान माने बियफे (19 अक्टूबर) के गिरावट देखे  के मिलल रहे। सेंसेक्स 247 अंक फिसलके 65,629 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 46 अंक के गिरावट रहल, ई 19,624 के स्तर पs बंद भइल रहे। सेंसेक्स के 30 शेयरों में से 20 में गिरावट आ 10 में तेजी रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]