[the_ad_group id="30365"]

भरतपुर में मूरती विवाद : गाँव के लोग सड़क पे आग लगा देहले, भयंकर पथराव भइल, पुलिस छोड़ले आंसू गैस के गोला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान : भरतपुर के नदबई में महाराजा सूरजमल अवुरी डॉ. भीमवराव अंबेडकर के मूर्ति के लेके देर रात विवाद बढ़ गईल। बुधवार के रात मामला एतना बढ़ गईल कि गांव के लोग बैलारा चौराहा पे आग लगा देले। एह दौरान पत्थर चलावे के काम भी होत रहे। पुलिस जब स्थिति पे काबू पावे खातीर मौका पे पहुंचल त उ लोग प पत्थरबाजी शुरू क देलस। अयीसना में पुलिस के आंसू गैस के गोला भी छोड़े के पड़ल। इलाका में भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा।

 

चौराहा पे मूर्ति लगावे के रहे

असल में नदबई नगरपालिका इलाका के तीन जगहा मूर्ति लगावत रहे। संभागीय आयुक्त सांवरमल वर्मा के अध्यक्षता में समिति के फैसला भइल कि कुम्हेर चौक पे महाराजा सूरजमल के मूर्ति, बैलारा चौक पर बाबा साहेब भीम राव अम्बेडकर के मूर्ति आ नगर चौक पर भगवान परशुराम के मूर्ति लगावल जाई| हालांकि स्थानीय लोग के मांग रहे कि नदबई के मुख्य चौराहा बैलारा ह, एहसे बैलारा चौराहा पे महाराजा सूरजमल के मूर्ति लगावल जाए।

 

ई विवाद 8 अप्रैल से शुरू भइल रहे

एकरा के लेके 8 अप्रैल से नदबई में विवाद शुरू भईल। धरना खतम कइला के बाद मंत्री विश्वेन्द्र सिंह बयान दिहले रहले कि रउरा जवन चाहत बानी ऊ हो जाई, धरना खतम कर दीं| हालांकि बुध के दिने एह मुद्दा पे एगो प्रेस कांफ्रेंस कइल गइल आ मंत्री विश्वेन्द्र सिंह बयान दिहलन कि बैलारा चौराहा पे बाबासाहेब भीम राव अम्बेडकर आ डेहरा मोड़ चौराहा पे महाराजा सूरजमल के मूर्ति लगावल जाव| एकरा बाद विरोध प्रदर्शन शुरू हो गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]