[the_ad_group id="30365"]

हिंसा ममिला में 18 FIR, 173 गिरफ्तारी: बिहारशरीफ आ सासाराम में SSB, ITBP, RAF आउर BSAP के कंपनी तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार पुलिस मुख्यालय दावा कइले बा कि हिंसा के बाद बिहार शरीफ आ सासाराम में वर्तमान इस्थिति सामान्य बा। एह दुनो जगहन पs हिंसा के कवनो वारदात नइखे हो रहल। दुनुए जगहन पs पर्याप्त संख्या में पुलिस के संगही पैरा मिलिट्री फोर्स के तैनाती कइल गइल बा।

सोमार के ADG मुख्यालय जितेंद्र सिंह गंगवार बतवलें कि रामनवमी आ दोसर त्योहारन के देखत नालंदा जिला में पहिलही BSAP के 3 कंपनी आ पुलिस के 100 लाठी धारी सिपाहियन के तैनाती कइल गइल बा। बाकिर बिहार शरीफ में भइल हिंसा के बाद आज SSB के 1, ITBP के 2, RAF के 2 आ BSAP के 9 कंपनियन के तैनाती कइल गइल बा।

एकरा अलावे पुलिस के सीनियर अधिकारियन के बिहार शरीफ भेजल गइल बा। ओहिजा, रोहतास जिला में पहिले से BSAP के 5 कंपनी आ पुलिस के 200 लाठी धारी जवान उहां रहे। बाकिर, सासाराम के घटना के बाद उहां SSB के 2, RAF के 1 आ BSAP के डेढ़ कंपनियन के तैनाती आज से भइल बा।

दोषियन के खिलाफ होई सख्त कार्रवाई

ADG मुख्यालय बतवलस कि बिहार शरीफ में भइल हिंसा ममिल में अब तक कुल 15 FIR दर्ज भइल बा। हिंसा के वारदातन में सामिल कुल 130 लोगन के पहचान कs के ओह लोगन के गिरफ्तार कइल गइल। एही तरे सासाराम में कुल 3 FIR दर्ज कइल गइल। उहां कुल 43 उपद्रवियन के पहचान कs के गिरफ्तार कइल गइल बा। दुनुए जिलन के मिलाके कुल 18 FIR आ 173 गिरफ्तारी भइल बा।

ADG मुख्यालय दावा कइलस कि जिला पुलिस के टीम दुनु जिलन में अपना स्तर से छानबीन सुरू कs देले बिया। कवनो हालत में उपद्रवियन के बख्शल ना जाई। पहचान कs के दोषियन के खिलाफ सख्त कार्रवाई होई। फरार लोगन के तलाश में छापेमारी सुरू कs दिहल गइल बा। सबूतन के आधार पs ठोस कार्रवाई होई।

काल्ह तक बंद रही इंटरनेट सेवा

हिंसा के वजह से दुनुये जिलन में इंटरनेट के सेवा फिलहाल बंद बा। जिला प्रशासन एहतियात के तौर पs ई डेग उठवले बा।  ADG मुख्यालय के मोताबिक बिहान तक दुनुए जिलन में ई व्यवस्था लागू रही। मंगर के सांझ 4 बजे तक सासाराम आ रात 9 बजे तक बिहार शरीफ में इंटरनेट के सेवा के बंद रखल गइल बा। एकरा बाद दुनो जगहन पs हालात के जायजा लेला के बाद जिला प्रशासन आगे के डेग उठाई।

बम ममिला में 10 लोगन पs अलग से केस दर्ज

2 अप्रिल के सासाराम में झोपड़ी के भीतर जवन बम फटला के घटना भइल रहे, ओमे कुल 6 लोग घायल भइल रहे। सभे के इलाज अभियो बनारस के BHU में चल रहल बा। ADG मुख्यालय बतवलस कि सासाराम के टाउन थाना में एह ममिला में 10 लोगन के खिलाफ FIR नंबर 277/23 दर्ज कइल गइल। FSL टीम के जांच में स्पष्ट हो गइल रहे कि बम ओहि झोपड़ी में बनावल जात रहे। ई सब अपराधी बावे।

आपराधिक वारदात के अंजाम देवे खातिर बम बनावल जात रहे। इलाज के बाद एह सभन के गिरफ्तार कs के जेल भेजल जाई। ओहिजा, आज सबेरे में बम वाला खबर अफवाह निकल। उ एगो घर के देवाल पs केहू पटाखा फोड़ देले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]