[the_ad_group id="30365"]

Malaysia Masters Badminton: श्रीकांत के सानदार प्रदर्शन जारी, मलयेशिया मास्टर्स के क्वार्टर फाइनल में बनवलें जगह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: भारत के अनुभवी बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत बियफे के मलेशिया मास्टर्स के दूसरका दौर के मैच में आयरलैंड के एनहाट गुयेन के हराके क्वार्टर फाइनल में प्रवेश कइलें।

श्रीकांत दुनिया के 33वां नंबर के खिलाड़ी गुयेन के खिलाफ 59 मिनट तक चलल मुकाबला में 23-21, 21-17 से जीत हासिल कइलें। श्रीकांत अंतिम आठ मुकाबला में फ्रांस के टोमा जूनियर पोपोव से भिड़िहें। पोपोव दूसरका दौर के मैच में एगो आउर भारतीय आयुष शेट्टी के 21-13, 21-17 से हराके बाहर कs देलें।

ओहिजा, सतीश करुणाकरणाे बाहर हो गइलें। उनका टोमा के भाई आ युगल जोड़ीदार क्रिस्टो पोपोव से 14-21, 16-21 से पराजय मिलल। युगल स्पर्धा में तनीषा क्रास्टो आ ध्रुव कपिला फ्रांस के ली पालेर्मो आउर जूलियन मैयो के जोड़ी के खिलाफ 21-17, 18-21, 21-15 से जीत के संगे मिश्रित स्पर्धा के क्वार्टर फाइनल में प्रवेश कइलें। अब उनकर मुकाबला चीन के जियांग जेन बैंग आ वेई या शिन के जोड़ी से होई।

Read Also: Sports: अगिला साल पांच जनवरी से होई हॉकी इंडिया लीग के आगाज, महिला वर्ग में दुगो नया टीम जुड़ली सs

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]