Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iPhone पऽ Spyware अटैक से हैकिंग के खतरा, Apple भारत समेत 92 देशन के भेजलस वॉर्निंग

406

एप्पल (Apple) कहले बा कि भारत समेत दुनिया के 92 देशन के यूजर्स Mercenary Spyware अटैक के खतरा में बाड़न। एप्पल ए खतरा के लेके बुधवार देर रात के नोटिफिकेशन जारी कइलस।

दिग्गज टेक कंपनी Apple भारत समेत दुनिया के 92 देशन के यूजर्स के एगो खास खतरा के लेके आगाह कइले बा।

एप्पल के कहना बा कि ओकर यूजर्स Mercenary Spyware अटैक के शिकार हो सकत बाड़े। सेलेक्टेड यूजर्स के टारगेट बना के ए स्पाइवेयर के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। एप्पल ई चेतावनी कई विपक्षी नेता लो के द्वारा ई दावा कइला के महीना बाद जारी कइले बा, कि उनका लोग के “राज्य-प्रायोजित” हैकरन से उनका लोग के iphone तक पहुंचे के कोशिश करे के चेतावनी वाला मैसेज मिल रहल बा।

Apple भारत समेत 92 देशन के यूजर्स के देलस चेतावनी

अब दिग्गज टेक कंपनी एप्पल ने भारत समेत अपना 92 देशन के यूजर्स के Mercenary Spyware अलर्ट भेजले बा। नोटिफिकेशन में एप्पल के एगो बयान में पेगासस स्पाइवेयरो के जिक्र कइले बा। विपक्षी नेता लो के जासूसी के आरोपन के वजह से साल 2021 में राजनीतिक तूफान खड़ा हो गइल रहे

एप्पल अपना यूजर्स के भेजल गइल ईमेल में कहले बा कि – स्पाईवेयर अटैक आईफोन यूजर्स लो खातिर बड़ खतरा हो सकत बा। ई थ्रेड नोटिफिकेशन एप्पल के तरफ से 11 अप्रैल के रात के भेजे गइल बा। कंपनी  कहले बा कि ए स्पाइवेयर से राउर iphone हैक हो सकत बा। खासतौर पऽ। रऊआ के निशाना बना के ई हमला कइल जा सकत बा। राउर नाम आ राउर काम के वजह से रउआ के टारगेट कइल जा सकत बा।

Apple यूजर्स के सावधान रहे के चेतावनी

एप्पल अपना यूजर्स खातिर सावधान रहे के चेतावनी जारी कइले बा। कंपनी कहले बा कि स्पाइवेयर अटैक नियमित साइबर क्रमिनिनल एक्टिविटी कंज्यूमप मैलवेयर के तुलना में बहुत ज्यादा जटिल होला, काहेकि कम से कम Mercenary Spyware अटैकर खास लोगन आ उनकर डिवाइस के निशाना बनावे खातिर असाधारण संसाधनन के उपयोग करेला। ए तरे के अटैक में लाखों ड़लर के खर्च आवेला आ अक्सर अइसन लोग के शेल्फ लाइफ भी कम होला। एहिसे ए लोगन के पता लगावल आ रोकलो काफी मुश्किल काम बा। कंपनी इहो कहलस कि ज्यादातर एप्पल यूजर्स के कबो ए तरह के हमला के जरिए टारगेट नइखे कइल गइल।

788330cookie-checkiPhone पऽ Spyware अटैक से हैकिंग के खतरा, Apple भारत समेत 92 देशन के भेजलस वॉर्निंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.