[the_ad_group id="30365"]

सपा विधायक के आवास से चोरी हो गईल टोंटी : थाना में तहरीर दे दिहले आरके वर्मा, कहले – बाथरूम-किचन के टोंटी गायब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रतापगढ़ के रानीगंज से सपा विधायक डॉ. आर के वर्मा के आधिकारिक आवास से टोंटी चोरी हो गईल। उ आपन शिकायत गौतमपल्ली थाना के देले। मौका प पुलिस जब जांच कईलस त टोंटी घर के भीतर पड़ल मिलल। उहाँ जल आपूर्ति के संसाधन में तोड़फोड़ कईल गईल बा। पुलिस मामला के जांच करतिया

प्रतापगढ़ के रानीगंज से समाजवादी पार्टी के विधायक डॉ. आरके वर्मा रविवार के गौतमपल्ली थाना में शिकायत दर्ज करवले। जवना में आरोप लगावल गईल रहे कि उनुकर आधिकारिक आवास गुलिस्ता कॉलोनी चोरी हो गईल बा। आवास के ताला टूट गईल बा। कमरा के भीतर से ड्राइवर के गद्दा अवुरी बाथरूम अवुरी किचन के नल गायब बा। उ पुलिस में केस दर्ज करावत उचित कार्रवाई के मांग कईले।

प्रभारी निरीक्षक गौतमपल्ली सुखबीर सिंह भदौरिया के मुताबिक विधायक के आवास प चोरी के सूचना प जांच कईल गईल बा। उहाँ आवास के दुनो कमरा से जुड़ल रसोईघर आ बाथरूम में पानी सप्लाई के पाइप अवुरी टोंटी के तोड़फोड़ कईल गईल बा। टोंटी ओहिजा मौका पर मिल जाला. साफ बा कि कवनो चोरी नईखे भईल। पुलिस सोमवार के ए मामला में राज्य के संपत्ति विभाग के कर्मचारी से पूछताछ भी करी, ताकि हकीकत सोझा आ सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]