खेल मंत्रालय के बड़ फैसला, भारतीय कुश्ती महासंघ पs लागल निलंबन हटावल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2025

खेल मंत्रालय मंगल के दिने भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) पs लगावल निलंबन हटा दिहलस. एह फैसला के बाद घरेलू टूर्नामेंट के आयोजन आ अंतर्राष्ट्रीय टूर्नामेंट खातिर राष्ट्रीय टीमन के चयन के राह साफ हो गइल.

Share

खेल मंत्रालय के बड़ फैसला

खेल मंत्रालय मंगल के दिने भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) पs लगावल निलंबन हटा दिहलस. एह फैसला के बाद घरेलू टूर्नामेंट के आयोजन आ अंतर्राष्ट्रीय टूर्नामेंट खातिर राष्ट्रीय टीमन के चयन के राह साफ हो गइल. बता दीं कि खेल मंत्रालय 24 दिसंबर 2023 के डब्लूएफआई के निलंबित कs दिहले रहुवे काहे कि ऊ जल्दबाजी में अंडर-15 (यू-15) आ अंडर-20 (यू-20) राष्ट्रीय चैम्पियनशिप के एलान कइले रहुवे. 

संजय सिंह के नेतृत्व वाला पैनल 21 दिसंबर 2023 के चुनाव जीतल रहे, लेकिन डब्ल्यूएफआई के पूर्व प्रमुख बृज भूषण शरण सिंह के गढ़ गोंडा के नंदिनी नगर में होखेवाला राष्ट्रीय चैम्पियनशिप के जगह के चुनाव सरकार के नाराज कs देले रहे। खेल मंत्रालय अपना आदेश में कहलस कि डब्ल्यूएफआई सुधारात्मक उपाय कईले बिया, एहीसे उs निलंबन हटावे के फैसला कईले बिया।

संजय सिंह 2023 में डब्ल्यूएफआई के नया प्रमुख बनले

उल्लेखनीय बा कि 2023 में जंतर मंतर में सात महिला पहलवान के कथित यौन उत्पीड़न के मामला में निवर्तमान डब्ल्यूएफआई प्रमुख बृज भूषण शरण सिंह के गिरफ्तारी के मांग करत विरोध प्रदर्शन करत पहलवान एs साल हाईकोर्ट में दिसंबर 2023 में महासंघ के पदाधिकारी के चुने खातीर भईल चुनाव के रद्द कs के गैरकानूनी घोषित करे के प्रस्ताव रखले रहले। बृज भूषण के वफादार संजय सिंह 21 दिसंबर 2023 के भईल चुनाव में डब्ल्यूएफआई के नयका प्रमुख चुनल गईले। 

पिछला महीना भारतीय कुश्ती महासंघ के कार्यालय बदले के एलान भइल रहे. भारतीय कुश्ती महासंघ (डब्ल्यूएफआई) मान लिहले रहे कि ओकर परिचालन पूर्व मुखिया बृज भूषण शरण सिंह के आवास से चलावल जात बा बाकिर ई एगो अस्थायी व्यवस्था हs आ अगिला महीना कनाट प्लेस के नया कार्यालय से काम शुरू हो जाई. दिसंबर 2023 में खेल मंत्रालय डब्लूएफआई के निलंबित कs देले रहे, बाकिर पूर्व प्रमुख अवुरी भाजपा के पांच बेर के सांसद बृज भूषण शरण सिंह के खिलाफ उत्पीड़न के मामला जारी रहला के बावजूद महासंघ के काम उनुका घर 21 अशोक रोड से होखत रहे।

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.