[the_ad_group id="30365"]

SpiceJet अपना बेड़ा में सामिल करी पांच B737 मैक्स प्लेन, ग्राउंडेड विमानन के उड़ावे के तइयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पाइसजेट एयरलाइन एह साल के अक्टूबर तक लीज पs पांच B737 मैक्स विमान लेवे के अलावे 10 नैरो-बॉडी बोइंग विमान अपना बेड़ा में सामिल करे के योजना बना रहल बा।

स्पाइसजेट एगो बयान में कहले बा कि कंपनी अक्टूबर से पहिले अपना ग्राउंडेड विमान के बहाल करे आ पुनर्जीवित करे पs काम कs रहल बिया, जवन जल्दिये सेवा में वापस आइल सुरू हो जाई।

नया रूट पs उड़ान सेवा सुरू करे में मिली मदद

स्पाइसजेट के प्रबंध निदेशक अजय सिंह कहलें कि 10 B737 विमान एयरलाइन में सितंबर से अक्टूबर के बीच सामिल कइल जाई।

अजय सिंह बतवलें कि ई विमान हमनी के नया रूटन पs उड़ान भरे के सुविधा दी आ हमनी के मवजूदा पकड़ के आउर मजूबत बनाई। एकरा अलावा ई विमान यात्रियन के ओह समय के पीक सीजन में सफर करे में मददो करी।

लीज पs लिहल जाई विमान

स्पाइसजेट कहलस कि एह 10 विमानन के लिए लीज समझौता पs पहिलही हस्ताक्षर कइल जा चुकल बा, जवन बढ़त मांग के पूरा करे खातिर सितंबर से बेड़ा में सामिल होखल सुरू हो जाई।

अजय सिंह कहलें कि यात्रियों के मांग में उल्लेखनीय बढ़न्ती भइल बा आ और हमनी के उम्मीद बा कि एही तरे यात्रियन के मांग में बढ़न्ती होखे के चाहीं। ऊ कहलें कि स्पाइसजेट भारतीय विमानन बाजार के बढ़त जरूरतन के पूरा करे खातिर क्षमता बढ़ावे के योजना बना रहल बा।

पायलट के सैलरी में बढ़न्ती 

एकरा पहिले स्पाइसजेट 75 घंटा उड़ान पूरा करे वाला पायलट के सैलरी ले बढ़ावे के फैसला लेले रहे। एयरलाइन एह पायलटन के मासिक सैलरी के बढ़ाकर 7.5 लाख रुपिया कs देले रहे।

वेतन बढ़न्ती के अलावे एयरलाइन अपना पायलटन खातिर हर महीना 1 लाख रुपिया तक के मासिक लॉयल्टी पुरस्कार के घोषणो  कइले रहे। ई पुरस्कार ओह लोगन के सैलरी से अलग होई। रउआ सभे के बता दीं कि पायलट के बढ़ल सैलरी 16 मई, 2023 से लागू हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]