Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पूर्वोत्तर रेलवे से स्पेशल ट्रेन के हो रहल बा संचालन: काशी, तमिल संगम ट्रेन के माध्यम से छपरा आ आसपास के यात्रियन के होई सहूलियत

245

मिचोंग तूफान में ट्रेनन के रद्द होखे आ वैवाहिक सीजन खत्म होखला के बाद बढ़त यात्रियन के मद्देनजर स्पेशल ट्रेनन के संचालन कइल जा रहल बा। रेलवे प्रशासन के तरफ से काशी तमिल संगमम के अवसर पs 06111/06112 कोयम्बटूर-बनारस- कोयम्बटूर विशेष गाड़ी के संचलन कोयम्बटूर से 25 दिसंबर, (सोमार) के आ 30 दिसंबर, (सनीचर) के बनारस से आ 06113/06114 चेन्नई सेन्ट्रल-बनारस-चेन्नई सेन्ट्रल विशेष गाड़ी के संचलन चेन्नई सेन्ट्रल से 27 दिसंबर, (बुध) के आ बनारस से 01 जनवरी, 2024 (सोमार) के कइल जाई।

एह ट्रेन के संचालन से उतर भारत के यात्रियन के दक्षिण भारत के यात्रा करे में सहूलियत प्रदान करी। छपरा आ आसपास के यात्री रनिंग थ्रू के माध्यम एह ट्रेन से यात्रा में सहूलियत मिली।

06111 कोयम्बटूर-बनारस विशेष गाड़ी के संचलन 25 दिसंबर, 2023 (सोमार) के कोयम्बटूर से 04:30 बजे प्रस्थान कs  के तिरूप्पूर से 05:17 बजे, ईरोड जं. से 06:10 बजे, सेलम से 07:10 बजे, जोलारपेट्टै से 09:40 बजे, काटपाडी से 10:50 बजे, अरक्कोणम से 11:45 बजे, पेररम्बूर से 12:45 बजे, विजयवाड़ा जं. से 21:55 बजे, दूसरका दिन वरंगल से 00:32 बजे, बल्हारशाह से 05:10 बजे, नागपुर से 09:10 बजे, इटारसी से 15:10 बजे, जबलपुर जं. से 20:10 बजे, कटनी जं. से 22:10 बजे आ मानिकपुर जं. से 23:35 बजे छूटके तीसरका दिन बनारस 04:45 बजे पहुंची।

06112 बनारस- कोयम्बटूर विशेष गाड़ी के संचलन 30 दिसंबर, 2023 (सनीचर) के बनारस से 23:00 बजे प्रस्थान कs के दूसरका दिन मानिकपुर जं. से 03:45 बजे, कटनी जं. से 07:15 बजे, जबलपुर जं. से 09:25 बजे, इटारसी से 14:25 बजे, नागपुर से 20:05 बजे, तीसरका दिन बल्हारशाह से 00:15 बजे, वरंगल से 04:47 बजे, विजयवाड़ा जं. से 09:10 बजे, पेररम्बूर से 17:00 बजे, अरक्कोणम से 17:57 बजे, काटपाडी से 19:05 बजे, जोलारपेट्टै से 20:40 बजे, सेलम से 23:05 बजे, चउथा दिन ईरोड जं. से 00:10 बजे आ तिरूप्पूर से 00:55 बजे छूटके कोयम्बतूर 02:30 बजे पहुंची।

06113 चेन्नई सेन्ट्रल-बनारस विशेष गाड़ी 27 दिसंबर, 2023 दिन बुध के चेन्नई सेन्ट्रल से 10:45 बजे प्रस्थान कs के गुडुर से 13:45 बजे, विजयवाड़ा जं. से 20:10 बजे दूसरका दिन वरंगल से 01:30 बजे, बल्हारशाह से 05:30 बजे, नागपुर से 08:10 बजे, इटारसी से 14:10 बजे, जबलपुर जं. से 19:10 बजे, कटनी जं. से 20:30 बजे आ मानिकपुर जं. से 23:35 बजे छूटके तीसरका दिन बनारस 04:45 बजे पहुंची।

06114 बनारस-चेन्नई सेन्ट्रल विशेष गाड़ी 01 जनवरी, 2024 दिन सोमार के बनारस से 23:00 प्रस्थान कs के दूसरका दिन मानिकपुर जं. से 03:45 बजे, कटनी जं. से 07:15 बजे, जबलपुर जं. से 09:25 बजे, इटारसी से 14:25 बजे, नागपुर से 20:05 बजे, तीसरका दिन बल्हारशाह से 00:15 बजे, वरंगल से 04:47 बजे, विजयवाड़ा जं. से 09:15 बजे छूटके चेन्नई सेन्ट्रल 16:45 बजे पहुंची।

694950cookie-checkपूर्वोत्तर रेलवे से स्पेशल ट्रेन के हो रहल बा संचालन: काशी, तमिल संगम ट्रेन के माध्यम से छपरा आ आसपास के यात्रियन के होई सहूलियत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.