Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Special story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: गायिका अंकिता पंडित 

एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल अंकिता पंडित के बारे में…

3,835

 

खबर भोजपुरी एगो सेगमेंट लेके रउरा सब के सोझा आइल बा जवना में हमनी के अपना क्षेत्र में बेहतर काम कS रहल युवा लोग से परिचय करावेनी जा।

एह कड़ी में आजू आईं जानल जाव गायकी के क्षेत्र में बेहतरीन काम कs रहsल अंकिता पंडित के बारे में…

अंकिता के जनम देवरिया में भइल रहे। इनकर बाबूजी के नाम श्री रमेश कुमार पांडेय आ माई के नाम श्रीमती मीरा पांडेय हs। अंकिता के पढ़ाई – लिखाई गोरखपुर में पूरा भइल। ओकरी बाद डिप्लोमा कइली फेर एक साल ले एगो प्राइबेट कंपनी में नौकरी कइली ओकरी बाद संगीत सिखल सुरु कइली। संगीत के शिक्षा – मिली चक्रबोर्ती आ शिवदास चक्रबोर्ती ( बनारस घराना) से लिहली।अंकिता के घर के माहौल गीत गवनई आ गाना बजाना से कोसो दूर रहे।अंकिता बचपने से संगीत के शवख रहे बाकिर पढ़ाई – लिखाई के माहौल के चलते उ संगीत पs बहुत ध्यान ना दे पवली। एही से बहुत बाद से संगीत के शिक्षा लिहल सुरु कइली।वर्तमान में उ अपना परिवार के संगे रहेली अवुरी संगीत के क्षेत्र में बढ़िया काम कs रहल बाड़ी। हमनी के सोझा बढ़िया बढ़िया गीत पेश करत रहेली।

पुरस्कार

संगीत के क्षेत्र में अंकिता के कई गो पुरस्कार मिलल बा।स्पेशल 26 टॉप 5 रेडियो सिटी एबीपी न्यूज़ के ओर से फागुन गीतन खातिर, हिंदुस्तान अख़बार के सहेली कार्यक्रम में लोकगीतन के प्रयोगधर्मीता खातिर पुरस्कृत, अइसन कइगो पुरस्कार बा जवन संगीत के क्षेत्र में मिलल बा।

अंकिता पंडित के कइगो गीत यूट्यूब पs बाटे, जवना के बोल ह …बेटी जनम सोहर, लोरी, कृष्ण जनम सोहर, राम जनम सोहर, दउरा भरी भरी जाए (छठ गीत) , बेटी बिदाई, (छठ गीत )छठी मईया किरपा तोहार’ अइसन कइगो गाना बा जवन बहुते पसन कइल गइल बा । समय – समय पs यूू ट्यूब चैनल पs ढेर गाना आवेला जवना के लोग के बहुत प्यार मिलेला।

यायावरी वाया भोजपुरी पs उनका गावल गीतन में( छठ गीत)  ‘छठी मईया किरपा तोहार‘ प्रमुख बा। एह गीत के लोग-बाग बहुते पसन करेला।

 

अंकिता पंडित अस नहवा गायिका भोजपुरी के भवीस बाड़ी आ ई अपना गायिकी से भोजपुरिया लोगन में एगो आस जगवले बाड़ी। अंकिता के जबे मउका मिलेला समय-समय पs लोकगीत पs आधारित गीत लेके आवेली आ कार्यशाला में भाग ले के कुछ ना कुछ सीखे के कोशिश करेली।

 

 

 

650370cookie-checkSpecial story : ईंहों के जानी , ईंहों के पहचानी: गायिका अंकिता पंडित 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.