पुण्यतिथी विशेष: जानीं पूर्वांचल के बाहुबली ‘पंडित हरिशंकर तिवारी’ से जुड़ल कुछ रोचक बात

By Anurag Ranjan

Published on: May 17, 2024

  उत्तर प्रदेश के राजनीति के बड़ चेहरा अवुरी ताकतवर नेता पंडित हरिशंकर तिवारी 88 साल के उमिर में 16 मई के अंतिम सांस लेले रहले। आज एह बाहुबली के पुण्यतिथि हs. खबर भोजपुरी उनकरी

Share

 

उत्तर प्रदेश के राजनीति के बड़ चेहरा अवुरी ताकतवर नेता पंडित हरिशंकर तिवारी 88 साल के उमिर में 16 मई के अंतिम सांस लेले रहले। आज एह बाहुबली के पुण्यतिथि हs. खबर भोजपुरी उनकरी पुण्यतिथि पs सत्-सत् नमन करत बा.जसही उनुका निधन के खबर आईल, धर्मशाला में उनुका आवास पs मजदूर अवुरी समर्थक के भीड़ जुट गईल। उनुका निधन के बाद पूरा परिवार में शोक के लहर रहे। एतने ना, हरि शंकर तिवारी पूरबी उत्तर प्रदेश के गोरखपुर से समाजवादी पार्टी से जुड़ल एगो भारतीय राजनीतिज्ञ रहलें। तिवारी जी गोरखपुर जिला के टांडा, चिल्लूपार गाँव से उत्तर प्रदेश विधान सभा के सदस्य रहलें।

उनुकरी नाम के सिक्का उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल में ढालल जात रहे। उनकर दू गो बेटा बाड़े। दुनु राजनीति में बाड़े। हरिशंकर तिवारी गोरखपुर के चिल्लूपार विधानसभा सीट से छह बेर विधायक रहल बाड़न. एक समय रहे जब हरिशंकर तिवारी आ चिल्लूपार एक दोसरा के पर्यायवाची हो गइल रहे. उ 1997 से 2007 के बीच उत्तर प्रदेश में बनल हर सरकार में कैबिनेट मंत्री रहले। हर पार्टी के नेता लोग से उनकर बढ़िया संबंध रहे.

साल 1985 के बात हs, जब हरिशंकर तिवारी चिल्लूपार विधानसभा सीट से निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनाव लड़ले रहले। उ कांग्रेस पार्टी के मार्कंडेय के भारी अंतर से हरा देले। एकरा संगे हरिशंकर तिवारी देश के पहिला विधायक बन गईले, जे जेल में रह के चुनाव जीतल रहले।

एकरा बाद उs चुनाव ना लड़े के फैसला कईले अवुरी आपन राजनीतिक विरासत अपना दुनो बेटा कुशल तिवारी अवुरी विनय शंकर तिवारी के सौंप देले। बाकिर कहल जाला कि हरिशंकर तिवारी अकेला अइसन व्यक्ति रहले जेकरा के लोग पूर्वांचल के बाहुबली कहत रहे. सन 2023 ,16 मई के हरिशंकर तिवारी हमेशा खातिर हमनी के बीच से चल गइले.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.