[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या में ‘बांके बिहारी के बांसुरी’ बज‌इहें भगवान राम, मथुरा में होत बा ईs खास तइयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में राम मंदिर के उद्घाटन के लेके हर ओर उत्सव के माहौल बा। अइसने हाल मथुरा के मंदिरन में बा। वृंदावन के विश्व प्रसिद्ध बांके बिहारी मंदिर में कुछ खास तरह के तइयारी क‌इल जात बा। 22 जनवरी के अयोध्या में भगवान श्री राम के मंदिर में होखे वाला प्राण प्रतिष्ठा समारोह खातिर वृंदावन से खास उपहार भेजे के तइयारी कइल जात बा। बांके बिहारी जी के इहां से भगवान श्री राम के मंदिर के पूजा सेवार्थ के खातिर आवश्यक आ जरूरी मंगल उपहार सोझा आइल बा।

चांदी के बांसुरी के साथे अउरी उपहार शामिल 

ईs उपहार सामग्री के बांके बिहारी मंदिर से मंदिर के सेवायत गोस्वामीयन द्वारा विधि विधान से अयोध्या धाम खातिर रवाना क‌इल जाई। एमें रामलला के आरती खातिर चांदी के शंख, इत्र, माला आ चांदी के बांसुरी भेजल जाई। ई सजो उपहार 14 जनवरी के अयोध्या के राम मंदिर में सउप दिहल जाइs। ओहीं 22 जनवरी के राम मंदिर के उद्घाटन वाला दिने बांके बिहारी मंदिर के विशेष रूप से सजा‌इल जाई। एकरा खातिर मथुरा में तइयारी तेज हो ग‌इल बा। मथुरा के बांके बिहारी मंदिर में रंगोली बनावल जाई। ‌‌एकरे अलावा मथुरा के दुसरन मंदिर में उत्सव के माहौल होई।

उपहार भेजे से पहिले क‌इल ग‌इल पूजन

ओहीं बांके बिहारी मंदिर के सेवायत गोपी गोस्वामी के ज‌इसे ही अयोध्या में रामलला के प्राण प्रतिष्ठा के जानकारी भ‌इल तs उs भगवान श्री रामलला के खातिर अपना आराध्य ठाकुर बांके बिहारी मंदिर से सुद्ध चांदी के एगो शंख, बांसुरी, हार, इत्र आदि सामान भेजत बाड़े । एकरा खातिर बांके बिहारी मंदिर में पहिले सजों उपहारन के पूजन क‍इल ग‌इल आ फिर भगवान के आशीर्वाद से इs सजो उपहार अयोध्या में भगवान राम के भेंट क‌इल जाई। जहवां भगवान श्री राम बांके बिहारी के बांसुरी बज‌इयें तs ओहीं रामलला के आरती में ई चांदी के शंख बजावल जाई।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]