[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के भाजपा कार्यालय में पीएम मोदी के कटआउट पs लपेटल गइल सपा के झंडा, विवाद-केस दर्ज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपरौली इलाका के नंदापार चौराहा इस्थित भाजपा कार्यालय पs चढ़के मारपीट करे वाला आ पीएम के कटआउट पs पार्टी के झंडा लपेटे के ममिला सामने आइल बा। भाजपा कार्यालय प्रभारी राजन सिंह के तहरीर पs पुलिस खजनी थाना क्षेत्र के सियार गांव निवासी सपा समर्थक विजय नाथ यादव पs हत्या के प्रयास समेत आउर धारा में केस दर्ज कइले बिया। पुलिस आरोपी के गिरफ्तारो कs लेलस।

एकरा के लेके गीडा थाना में सपा आ भाजपा समर्थक लोग हंगामा कइल। एक ओर भाजपा कार्यकर्ता कड़ा कार्रवाई के मांग करत रहे लो, दूसरका तरफ सपा कार्यकर्ता गिरफ्तार कइल गइल जुवक के छोड़े के मांग करत रहे लो।

घटना के बाद सपा प्रत्याशी काजल निषाद, जिलाध्यक्ष बृजेश गौतम आ यशपाल रावत के संगे सइयन सपाई गीडा थाना पहुंचके हंगामा करे लागल लो। एह दौरान थानेदार से नोकझोंक भइल। लगभग एक घंटा तक हंगामा के बाद सपाई लवट गइल लो। सपा पुलिस पs भाजपा के इशारा पs कार्यकर्ता लोगन के उत्पीड़न करे के आरोप लगावल गइल बा।

रैली के दौरान भइल घटना

बता दीं कि बुध के दुपहरिया एक बजे के करीब जैतपुर नंदानगर के लगे सपा प्रत्याशी के जनसभा रहे। जेमे सपा के समर्थकन के भीड़ एकत्रित भइल रहे। एही दौरान आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कइलस। जवना से हंगामा वाला इस्थिति रैली में हो गइल रहे।

मवका पs पुलिस बल पहुंचके कवनो तरे सपा समर्थकन के शांत करवावल लो। ओहिजा, दूसरका ओर भाजपा कार्यालय पs भइल हमला के लेके भाजपा के नेता आ समर्थक धीरे-धीरे एकत्रित होखे लागल लो। मवका के नजाकत भांप के सीओ पहुंच गइल रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]