Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Azam Khan News: कोर्ट से सजा के बाद सपा विधायक आजम खां के विधानसभा सदस्यता समाप्त, रामपुर सीट रिक्त घोषित

सपा के वरिष्ठ नेता आ रामपुर के विधायक मोहम्मद आजम खां के विधानसभा के सदस्यता समाप्त क दिहल गइल बा।विधान सभा सचिवालय उनका सीट के रिक्त घोषित क देले बा।

567

भड़काऊ भाषण (Hate Speech) देला के ममिला में दोषी करार दिहल गइल सपा के वरिष्ठ नेता आ रामपुर शहर सीट के विधायक मोहम्मद आजम खां (Azam Khan) के विधानसभा के सदस्यता (Assembly Membership) समाप्त क दिहल गइल बा। एह ममिला में बियफे के रामपुर के एमपी एमएलए कोर्ट उनका 3 बरिस के सजा सुनवले रहे। मुख्य निर्वाचन अधिकारी आजम खां के विधानसभा के सदस्यता से अयोग्य घोषित करे के सूचना विधानसभा सचिवालय के भेजल गइल रहे, जवना प विधानसभा सचिवालय उनका सीट के रिक्त घोषित क देले बा।

आजम खां के तीन साल के सजा

भड़काऊ भाषण ममिला में रामपुर के अपर मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट प्रथम/विशेष न्यायिक मजिस्ट्रेट एमपी-एमएलए निशांत मान सपा महासचिव आ रामपुर शहर विधायक आजम खां के बियफे के तीन साल कैद आ छव हजार रुपिया जुर्माना के सजा सुनवले बाड़ें। जुर्माना अदा ना कइला प एक महीना अतिरिक्त कारावास भोगे के होई। 93 मुकदमन में फंसल आजम के ई पहिला सजा ह। सजा सुनवला के कुछ देर बाद उनका के जमानत प रिहा क दिहल गइल। सजा के एके दिन बाद उनकर विधायकीयो चली गइल बा।

आजम खां के खिलाफ ई बा पूरा ममिला

साल 2019 के संसदीय चुनाव में आजम खां खुद सपा-बसपा गठबंधन से रामपुर सीट से प्रत्याशी रहस। चुनाव प्रचार के दौरान उनका खिलाफ आचार संहिता उल्लंघन के ममिला मिलक कोतवाली में दर्ज भइल रहे। ऊ सात अप्रिल, 2019 के जनसभा में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के लेके अमर्यादित बयानबाजी कइलें रहस। तत्कालीन जिलाधिकारी आंजनेय कुमार सिंह खातिरो ऊ अपशब्दन के प्रयोग कइलें रहस। वर्ग विशेष से धर्म के नाम प वोट के अपील कइले रहस। उनका बयान के वीडियो प्रसारित हो गइल रहे। तब उनका खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल गइल।

सजा सुनावत घरी कोर्ट के टिप्पणी

भड़काऊ भाषण ममिला में एमपी-एमएलए कोर्ट तल्ख टिप्पणियों कइलस। कोर्ट कहलस कि आजम खां जवना-जवना शब्दब के प्रयोग कइलें आ जवना उद्देश्य से प्रयोग कइलें, उ विधि के दृष्टि से भड़काऊ, घृणित, समाज के बांटे वाला आ सरकार आउर प्रशासन के अपमानित करे वाला बा। सरकार के प्रति घृणा उत्पन्न करे वाला आ लोक प्रशांति आ लोक क्षेम के हानि पहुंचावे वाला बा।

हम इंसाफ के कायल हो गइनी : आजम

सजा सुनावल गइला प आजम खां कहलें कि हम कोर्ट के फसीला के स्वीकारत बानी। फसीला के खिलाफ अपील दायर कइल जाई। एह ममिला में कोर्ट द्वारा सुनावल गइल सजा अधिकतम रहे। एमे अनिवार्य जमानत के प्रविधान बा। बाकिर, हम इंसाफ के कायल हो गइल बानी। उनका प विधायकी प खतरा होखला के सवाल प कहलें कि अभी कवनो विकल्प बा। आजम खां के वकील विनोद यादव कहलें कि अपील फाइल करे खातिर एक हफ्ता के समय समय मिलल बा।

ई रहे आजम खां के भाषण

प्राथमिकी के मोताबिक आजम खां अपना भाषण में असंसदीय शब्दन के इस्तेमाल कइलें। ऊ कहलें रहस कि मोदी जी रउआ हिंदुस्तान में अइसन माहौल बना देले बानी जवना से मुसलमानन के जियल दूभर हो गइल बा। बहुत उमस के जिंदगी गुजार रहल बा लो। जे कांग्रेस के कंडीडेट खड़ा भइल बा, ऊ खाली मुसलमानन में वोट मांग रहल बा।ताकि मुसलमानन के वोट काटके भाजपा के जिता सके। तहनी के पिल्ला आ कुत्ता कहत बा, ओह लो से बदला होखे। तहरा लोगन के दिख रहल बा कि रामपुर में कइसन कलक्टर आइल बा आ अपना साथे तीन अधिकारी कइसन लेके आइल बा। एक महीना के अंदर रामपुर के नरक बना देले बा। कलक्टर आंहर हो गइल बा। बहुते उसूली बनत बा। हम बताएम। हमर के मारी, खून बहाई रामपुर में, बीजेपी के इलेक्शन लड़ाई। केकरा कहला से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री के कहला से। ऊ सीएमो के 302 के मुजरिम बतवलें।

साभार: दैनिक जागरण

364730cookie-checkAzam Khan News: कोर्ट से सजा के बाद सपा विधायक आजम खां के विधानसभा सदस्यता समाप्त, रामपुर सीट रिक्त घोषित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.