Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Soundarya Jagadish: फिल्म निर्माता सौंदर्या जगदीश कइले आत्महत्या! विवादन में घिरल रहे पब,बैंक से आइल रहे नोटिस

448

सौंदर्या जगदीश के दोस्त श्रेयस ने बतवले हऽ कि उनकर निधन आत्महत्या के चलते भइल बा। उनका के अस्पताल ले जाइल गइल रहे, जहां डॉक्टर लो जगदीश के मृत घोषित कर देलस।

फिल्म जगत से एगो बहुते खराब खबर सामने आ रहो बा। कन्नड़ फिल्म निर्माता सौंदर्या जगदीश के निधन हो गइल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, उऽ आत्महत्या कइले बाड़े। कहल जा रहल बा कि जगदीश ऐतवार के सुबह महालक्ष्मी लेआउट स्थित अपना घर में आत्महत्या करके आपन जान ले लेले।

आत्महत्या के कारण जाने के कोशिश जारी बा 

पुलिस ए मामले में जांच कर रहल बिया। उहे, मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, सौंदर्या जगदीश के दोस्त श्रेयस ने बतवले हऽ कि उनकर निधन आत्महत्या के चलते भइल बा। उऽनका के अस्पताल ले जाइल गइल रहे, जहां डॉक्टर जगदीश को मृत घोषित कर देले रहे। उऽ बतवले कि आत्महत्या के वजह जाने के कोशिश कइल जा रहल बा। जगदीश के स्वास्थ्य से जुड़ल कवनो समस्या ना रहे।

का बैंक के नोटिस बा आत्महत्या के वजह?

निर्माता सौंदर्या जगदीश के लगे कुछ दिन पहिलहीं बैंक के ओर से एगो नोटिस आइल रहे। जगदीश के दोस्त से जब पूछल गइल कि का बैंक नोटिस आ आत्महत्या के आपस में कवनो बा तऽ उऽ एकरा के खारिज कर देले। उऽ कहले नोटिस वाला मामला कुछ समय से चलत रहें, बाकिर बिजनेस के मुद्दा अलग बा।

कार्डियक अरेस्ट के बात भइल खारिज

जगदीश के दोस्त बतवले कि मामला सामने आवते पुलिस के सूचना दे दिहल गइल रहे। उनकर मौत के कार्डियक अरेस्ट से जोड़ल जा रहल बा, जवना के नकार दिहल गइल बा। दोस्त आगे कहले कि जगदीश फांसी लगा के आत्महत्या करे के परयास कइले रहले।

के हऽ सौंदर्या जगदीश?

सौंदर्या जगदीश व्यवसायी आ फिल्म निर्माता रहले। उऽ एगो पब के  मालिको रहले। मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जाव तऽ कुछ दिन पहिलहीं उनकर पब पार्टी के चलते विवाद से घिर गइल रहे। एकरा बाद पब के लाइसेंस के अस्थायी रूप से रद्द कर दिहल गइल रहे। । उनकर बनावल प्रमुख फिल्म में ‘अप्पू पप्पू’, ‘रामलीला’, ‘स्नेहितरु’ आ ‘मस्त मजा मादी’ शामिल बा।

790370cookie-checkSoundarya Jagadish: फिल्म निर्माता सौंदर्या जगदीश कइले आत्महत्या! विवादन में घिरल रहे पब,बैंक से आइल रहे नोटिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.