सोनपुर मेला के ऐप लॉन्च: पर्यटकन के एक क्लिक में मिली सब जानकारी, हर रोज होई अपडेट

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

सारण जिला प्रशासन के ओर से बुध के सोनपुर मेला के सुविधाजनक आ डिजिटल बनावे खातिर ऐप के लॉन्च कइल गइल। एमे एगो क्लिक पs मेला से जुड़ल सब जानकारी मिल जाई। जिला प्रशासन के

Share

sonpur mela app launch

सारण जिला प्रशासन के ओर से बुध के सोनपुर मेला के सुविधाजनक आ डिजिटल बनावे खातिर ऐप के लॉन्च कइल गइल। एमे एगो क्लिक पs मेला से जुड़ल सब जानकारी मिल जाई। जिला प्रशासन के ओर से पर्यटन के सुविधा के लेके सोनपुर मेला ऐप लॉन्च कइल गइल बा। ऐप पs मेला से संबंधित सब तरे के जानकारी के साझा कइल गइल बा। खेल, घाट, संस्कृति कार्यक्रम, हॉस्पिटल, पुलिसिंग आ मेला के लेके सब तरे के जानकारी मवजूद बा। एसे दूर बइठल लोगन के समय पs जानकारी मिल जाई।

डीपीआरओ रविन्द्र कुमार कहलें कि लोगन के ध्यान में रखत ऐप के डेवलप कइल गइल बा। एमे मेला के बारे में सब तरे के जानकारी एगो क्लिक में मिल जाई। जीपीएस आ गूगल मैप के अटैच करत सब संबंधित जगहन के डायरेक्शन मार्क कइल गइल बा। एमे सब तरे के जानकारी मवजूद बा।

जिला प्रशासन के ओर से एगो विशेष आईटी टीम के ओर से एकरा के लगातार अपडेट कइल जाई। हर रोज मेला से जुड़ल वीडियो, फोटो के अपलोड कइल जाई। एकरा से दूर बइठल लोग मेला के अवलोकन कs सकी। ऐप पs मेला से जुड़ल खोवल पाइल, जनता थाली, जानवरन के अस्पताल, रूट चार्ट किराया, घाट के जानकारी उपलब्ध करावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.