[the_ad_group id="30365"]

सोनिया गांधी के मिलल अस्पताल से छुट्टी, मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में 23 जून के हो सकत बा पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा। ऊ कोविड संबंधी समस्या के चलते दिल्ली के सर गंगा राम अस्पताल में भरती रहली। 75 वर्षीय सोनिया गांधी दु जून के कोरोना वायरस से संक्रमित पाइल गइल रही। उनका कोविड-19 बाद के जटिलता के कारण 12 जून के सर गंगाराम अस्पताल में भरती करावल गइल रहे।

कांग्रेस महासचिव जयराम रमेश ट्वीट कs के कहले, “कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के सर गंगा राम अस्पताल से छुट्टी मिल गइल बा, उनका के घर पs आराम करे के  सलाह दिहल गइल बा।” बता दीं कि प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) नेशनल हेराल्ड से संबंधित कथित धनशोधन के एगो ममिला में सोनिया गांधी के नया सिरा से समन जारी कs के 23 जून के पूछताछ खातिर पेश होखे के कहले बा। हालांकि सोनिया के डॉक्टर आराम के सलाह देले बाड़े, अइसन में ईडी के समक्ष पूछताछ खातिर उनका पेशी पs संदेह बा।

सोनिया गांधी के एकरा पहिले आठ जून के पेश होखे खातिर कहल गइल रहे, बाकिर कोरोना वायरस से संक्रमित होखला के वजह से ऊ जांच एजेंसी के सोझा पेश होखे खातिर नया तारीख देवे के कहले रही। जांच एजेंसी कांग्रेस नेता राहुल गांधी से पहिलही पूछताछ कs रहल बिया आ ऊ ईडी के सोझा अब सोमार के पेश भइले।

सोनिया के अलावे उनकर बेटा राहुल गांधी ‘नेशनल हेराल्ड’ समाचार पत्र से जुड़ल कथित धनशोधन के एगो ममिला में पिछला सप्ताह लगातार तीन दिन के पूछताछ के बाद सोमार के फेर प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) के कार्यालय में पेश भइले। पिछला सप्ताह सोमार, मंगर आ बुध के लगातार तीन दिन ईडी के अधिकारी लो 52 बरिस के राहुल गांधी से 30 घंटा से अधिका समय तक पूछताछ कइले रहे लो, जवना के दौरान धन शोधन रोकथाम अधिनियम (पीएमएलए) के तहत उनकर बयान दर्ज कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]