[the_ad_group id="30365"]

सारण: मशरक के बहरौली के लाल बनलें आर्मी इन्फेंट्री में कर्नल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत बहरौली गांव निवासी आर्मी मैन उदय प्रताप सिंह आ गृहणी सुशीला सिंह के छोट पुत्र रवि प्रताप सिंह आर्मी इन्फेंट्री कोर में कर्नल के पद प प्रोन्नत भइलें।

असम के डिब्रूगढ़ में आयोजित समारोह में आर्मी के वरीय पदाधिकारियन के मवजूदगी में मशरक के एह लाल के माई बाबूजी ने कर्नल के बैज लगावल लो। बहरौली पंचायत के मुखिया अजीत सिंह के भतीजा रवि प्रताप सिंह के कर्नल बनला प परिजनन सहित पूरा इलाका में जश्न के माहौल बा। तीन भाई आ एगो बहिन में छोटे रवि प्रताप देश सेवा के जज्बा के संगे एनडीए के बाद भोपाल में लेफ्टिनेंट कर्नल के पद प बहाल होके साउथ कोरिया में ग्रुप ट्रेनिंग में भाग लेलें।

फेर अपना लगन आ निष्ठा के साथ काम करत 35 वर्ष के उमिर में कर्नल के पद के सफर पूरा कइलें। कर्नल रवि प्रताप के एगो बड़ भाई सेना में जेसीओ त दूसर रिलायंस ग्रुप में कार्यरत बा लो, जबकि पत्नी वैदेही सिंह साथे रहेली। बाबूजी सेना से अवकाश ग्रहण कइलें बानी।

रवि प्रताप सिंह के कर्नल बनला प चाचा मुखिया अजीत सिंह , मशरक के कर्णकुदरिया गांव निवासी मामा ललन सिंह , जे के सिंह , विधान पार्षद सच्चिदानंद राय, भाजपा नेता कुमार रजनीश उर्फ झुन्ना पांडेय, पश्चिमी सरपंच बिनोद प्रसाद, पूर्व प्रखंड मुखिया संघ अध्यक्ष प्रतिनिधि अमर सिंह ,प्रखंड प्रमुख रवि प्रकाश सिंह मंटू, पूर्व उप प्रमुख साहेब हुसैन उर्फ टुनटुन , जिला हैंडबॉल सचिव संजय कुमार सिंह , आर्मी कैंटीन संचालक रंजन कुमार सिंह, वार्ड संघ उपाध्यक्ष मुकेश ओझा, नगर लोजपा अध्यक्ष मुकेश सिंह , प्रिंस बाबा , राजीव सिंह उर्फ गुड्डू सिंह सहित आउर लोग बधाई देले बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]