Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सोशल मीडिया सेंसेशन IPS अंशिका वर्मा बनली CO कोतवाली: इंस्टाग्राम पs बा 257k फॉलोअर्स, IPS बने से पहले इंजीनियर बनली अंशिका

145

यूपी कैडर के 2021 बैंच के IPS अंशिका शर्मा के गोरखपुर में सीओ कोतवाली बनावल गइल बा। SSP डॉ. गौरव ग्रोवर उनका के कोतवाली के सीओ प्रभार सउपले बाडें। ऊ सोशल मीडिया सेंसेशन बाड़ी। IPS अंशिका वर्मा इंस्टाग्राम क्वीन के नाम से फेमस बाड़ी। इंस्टाग्राम पs उनकर करीब 257 लाख फॉलोअर्स बा लो। उनका इंजीनियर से IPS अधिकारी बने तक के सफर दृढ़ संकल्प आ कड़ा मेहनत के नतीजा हs।

IPS बने से पहले इंजीनियर बनली 

अंशिका 2020 में बिना कवनो कोचिंग के अपना दूसका प्रयास में UPSC एग्जाम क्रैक कइली। एग्जाम में उनकर पहिला कोसिस ग्रेजुएशन के पढ़ाई पूरा कइला के ठीक एक साल बाद 2019 में भइल। अंशिका आपन प्राथमिक शिक्षा नोएडा में कइली। 2014 से 2018 तक गलगोटिया कॉलेज ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी, नोएडा से इलेक्ट्रॉनिक्स आ कम्युनिकेशन इंजीनियरिंग में बीटेक के डिग्री लेली। UPSC सिविल सेवा परीक्षा से उनकर यात्रा उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में सुरू भइल, जहां ऊ खुद के कठोर तइयारी खातिर समर्पित कs देली।

अंशिका वर्मा इंस्टाग्राम क्वीन के नाम से फेमस बा। इंस्टाग्राम पs उनका करीब 257 लाख फॉलोअर्स बा।
अंशिका वर्मा इंस्टाग्राम क्वीन के नाम से फेमस बा। इंस्टाग्राम पs उनका करीब 257 लाख फॉलोअर्स बा।

इंस्टाग्राम पs बा 257k फॉलोअर्स

उनकर सफलता के कहानी महत्वाकांक्षी सिविल सेवकन खातिर प्रेरणा के काम करेला, जवन दर्शावत बा कि दृढ़ता आ आत्म-विश्वास के संगे सपनन के हकीकत में बदलल जा सकत बा। अपना पेशेवर उपलब्धियन के अलावा, अंशिका अपना सोशल मीडिया पs मवजूदगी खातिर जानल जाली। इंस्टाग्राम पs ऊ करीब 257 लाख फॉलोअर्स के संगे, एगो बड़ प्रशंसक आधार तइयार कs लेले बाड़ी। जवन उनका व्यापक प्रभाव के दरसावत बा।

SSP डॉ. गौरव ग्रोवर कोतवाली के सीओ प्रभार सउपले बाड़ें।

क्राइम कंट्रोल पs होई फोकस

कोतवाली सर्किल के प्रभार लेला के बाद अंशिका वर्मा कहली कि कोतवाली सर्किल के अपराध मुक्त बनावल उनकर पहिला प्राथमिकता होई। आपन उच्च अधिकारियन कावर से दिहल गइल। निरदेसन के अनुपालन करत अपराध आ अपराधियन पs पूरा तरे से अंकुश लगावे के दिशा में काम करिहें। अपराधियन में पुलिस के खौफ होखे आ आम पब्लिक में पुलिस के लेके बेहतर छवि बने, एकरा के लेके लोगों से संवाद स्थापित कइल जाई।

UPSC में हासिल कइले रहली 136वीं रैंक 

अंशिका वर्मा अपना नौकरी के ट्रेनिंग आगरा से सुरू कइले रहली। ऊ यूपी के प्रयागराज के रहे वाला हई। सब चुनौतियन के पार करत, अंशिका अपना दूसरका प्रयास में UPSC परीक्षा में 136वीं रैंक हासिल कइले रहली। बिना कवनो औपचारिक कोचिंग के। अंशिका के बाबूजी उत्तर प्रदेश विद्युत निगम लिमिटेड (UPPCL) से रिटायर्ड चीफ इंजीनियर हवे। जबकि, उनकर माई एगो गृहिणी हई। उनकर अटूट प्रोत्साहन उनका सफलता में महत्वपूर्ण भूमिका निभवलस।

अंशिका यूपी के प्रयागराज के रहे वाली बाड़ी।
703360cookie-checkसोशल मीडिया सेंसेशन IPS अंशिका वर्मा बनली CO कोतवाली: इंस्टाग्राम पs बा 257k फॉलोअर्स, IPS बने से पहले इंजीनियर बनली अंशिका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.