Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भिगोवल चना : भिगोवल चना रामबाण दवाई ह, इ ए बेमारी में बहुत फायदेमंद होखेला, ए समय एकर सेवन करीं

भिगोवल चना : भींजल चना खईला से स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदा होखेला, काहेंकी इ ना सिर्फ शरीर के ऊर्जा देवेला, बालुक बहुत चीज़ में भी फायदेमंद होखेला। अयीसना में रोज एक मुट्ठी चना खईला से स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद होखेला। काहे कि इ आपके बहुत बेमारी से लड़े में मदद करेला, जबकि बहुत बेमारी से भी बचावेला। अइसना में आज हम भिगोवल चना के फायदा बताइब।

184

भिगोवल चना : भिगोवल चना रामबाण दवाई ह, इ ए बेमारी में बहुत फायदेमंद होखेला, ए समय एकर सेवन करीं

भिगोवल चना : भींजल चना खईला से स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदा होखेला, काहेंकी इ ना सिर्फ शरीर के ऊर्जा देवेला, बालुक बहुत चीज़ में भी फायदेमंद होखेला। अयीसना में रोज एक मुट्ठी चना खईला से स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद होखेला। काहे कि इ आपके बहुत बेमारी से लड़े में मदद करेला, जबकि बहुत बेमारी से भी बचावेला। अइसना में आज हम भिगोवल चना के फायदा बताइब।
जवन भींजल चना में मिलेला
भिगोवल चना में कई तरह के पोषक तत्व पावल जालें। भिगोवल चना में वसा, फाइबर, कैल्शियम, कार्बोहाइड्रेट, प्रोटीन, आयरन अउरी विटामिन जईसन बहुत पोषक तत्व पावल जाला। जवन कि आपके शरीर खातीर बहुत फायदेमंद होखेला। अयीसना में चना खईला से आपके बहुत फायदा मिलेला। एकरा अलावे इ आपके बेमारी से भी बचावेला, चना के अयीसन कुछ फायदा जान लीं।

सबेरे खाली पेट सेवन करे के चाहीं

सबेरे भींजल चना खईला से सबसे जादा फायदा होखेला। एकरा खातिर रात में सुते से पहिले एक कटोरी में एक मुट्ठी चना पानी में भिगो लीं, ओकरा बाद सबेरे उठ के बढ़िया से धो लीं। एकरा बाद टमाटर, प्याज जईसन सलाद चना में मिला के कुछ नमक डाल के खा लीं।

डायबिटीज के नियंत्रित करेला

आज के समय में डायबिटीज एगो बड़ समस्या बन रहल बा। लेकिन जदी आप डायबिटीज के काबू में राखल चाहतानी त एकरा खातीर भींजल चना खाइल एगो बढ़िया विकल्प बा। डायबिटीज में फाइबर पर्याप्त मात्रा में पावल जाला जवन कि पाचन खातिर बेहतर होखेला। एकरा से ब्लड शुगर के रखरखाव भी बनल रहेला। अइसना में चना एह बेमारी के रोके में फायदेमंद होला।

पेट खातिर फायदेमंद

भिगोवल चना पेट खातिर भी बहुत फायदेमंद होखेला, काहेंकी भिगोवल चना खईला से पेट दर्द, ऐंठन, कब्ज जईसन समस्या से राहत मिलेला। जबकि दिन भर पाचन ठीक रहेला। अयीसना में जदी आप भींजल चना के सेवन करतानी, त इ आपके खातीर बहुत फायदेमंद बा। एहीसे स्वास्थ्य विशेषज्ञ भींजल चना खाए के सलाह देवेले।

खून के साफ करेला

आज के समय में जीवनशैली खराब हो रहल बा। खाना खाए के कवनो निश्चित समय नईखे, जबकि लगातार कई प्रकार के जंक फूड खईला से हमनी के स्वास्थ्य भी खराब हो जाला। लेकिन जदी आप रोज एक मुट्ठी भींजल चना खातानी त इ आपके खून के साफ राखे में भी मदद करेला। जबकि एकरा से चेहरा के चमक भी बढ़ जाला। एकरा अलावे चना हमनी के प्रतिरक्षा मजबूत बनावेला, काहेंकी शरीर के भिगोवल चना से अधिकतम पोषण मिलेला। एही से खून के साफ राखे खातिर चना भी खाइल जाला।

मांसपेशियन खातिर फायदेमंद

भींजल चना खाइल मांसपेशी खातिर फायदेमंद होला। काहे कि एहमें प्रोटीन पर्याप्त मात्रा में पावल जाला। एहसे मांसपेशी मजबूत हो जाले। अयीसना में रोज भींजल चना खईला से ना सिर्फ आपके शरीर मजबूत होई बालुक हड्डी में भी पर्याप्त प्रोटीन मिलेला।

प्रतिरक्षा क्षमा मजबूत

आज के समय में प्रतिरक्षा मजबूत रखल बहुत जरूरी बा। जवना खातिर भिगोवल चना एगो बढ़िया विकल्प बा। काहे कि एकरा में प्रोटीन, जस्ता, विटामिन ई अउरी आयरन जईसन पर्याप्त पोषक तत्व होखेला। एहसे राउर रोग प्रतिरोधक क्षमता मजबूत हो जाला।

अस्वीकरण : समाचार में दिहल जानकारी के सटीकता, समयबद्धता आ वास्तविकता सुनिश्चित करे के हर संभव प्रयास कइल गइल बा। हालांकि एकर नैतिक जिम्मेदारी खबर भोजपुरी के नइखे। रउरा से निहोरा बा कि कवनो उपाय आजमावे से पहिले अपना डॉक्टर से सलाह लीं। हमनी के मकसद खाली रउरा सभे के जानकारी दिहल बा।

 

 

 

452940cookie-checkभिगोवल चना : भिगोवल चना रामबाण दवाई ह, इ ए बेमारी में बहुत फायदेमंद होखेला, ए समय एकर सेवन करीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.