[the_ad_group id="30365"]

चंबल एक्सप्रेस में सपेरा सs छोड़ले साँप, यात्रियन में मच गईल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

चंबल एक्सप्रेस के जनरल कोच में पांच गो सपेरा सफर करत रहले। हावड़ा से ग्वालियर जाए वाला ई सपेरा कोच के भीतर साँप छोड़ के यात्री लोग के परेशानी में डाल देलस। खबर के मुताबिक पूरा ट्रेन में उ अपना सांप खातीर पईसा के मांग करत रहले। जब जनता से साँप खातिर पर्याप्त पईसा ना मिलल त उ सांप के ट्रेन के भीतर छोड़ देले। उत्तर प्रदेश के महोबा पहुंचते कुछ यात्री सपेरा के लोग पईसा देवे से मना कs देले। फेरु एह बात से खिसिया के सपेरा लोग साँप के ओहिजा छोड़ के चल गइल।

लोग के बीच डर के माहौल

यात्री लोग के कवनो अंदाजा ना रहे कि ओ लोग के मना कईला से एतना बड़ समस्या पैदा हो जाई। तुरते रेलवे कंट्रोल रूम में सपेरा के शिकायत दर्ज करावल गइल। जब ले अगिला स्टेशन पहुंचल तब ले सब सपेरा ट्रेन से कूद के निकल गईले। झांसी स्टेशन के दिहल निर्देश के मुताबिक यात्रियन के दोसरा बोगी में शिफ्ट क दिहल गईल। जनता के सुरक्षा के ध्यान में राखत जीआरपी के कोच के भीतर भेजल गईल लेकिन उहाँ एको साँप ना मिलल। फिलहाल अनजान सपेरा के खिलाफ मामला दर्ज हो चुकल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]