[the_ad_group id="30365"]

एसी के जगह लगा दिहलस स्लीपर कोच, यात्री लो ट्रैक पs कइले हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

श्री माता वैष्णो देवी कटरा स्पेशल ट्रेन के गुवाहाटी-बी-1 कोच के जगह थर्ड एसी के जगह स्लीपर लगा दिहल गईल। मजबूरी में ओहि में बईठल यात्री रास्ता में बहुत जगह शिकायत कईले, बाकीर सिस्टम ओ लोग के बात ना सुनलस। बुध के दुपहरिया के करीब बारह बजे गोरखपुर जंक्शन पs ट्रेन रुकते ही इs यात्री हंगामा मचईले।

विरोध में बहुत यात्री इंजन के सामने रेलवे पटरी पs बईठ गईले। स्टेशन मैनेजमेंट आ आरपीएफ, जीआरपी के मनावे के बाद यात्री प्लेटफार्म पs लवट अइले। करीब चार घंटा बाद स्लीपर कोच के बदल के तीसरा एसी कोच लगा के ट्रेन भेजल गईल।

गुवाहाटी-श्री माता वैष्णो देवी कटरा स्पेशल ट्रेन मंगल के 11 घंटा l देर से गुवाहाटी से रवाना भईल। स्लीपर कोच के अलावे तीसरा एसी कोच (बी-1) लगावे के रहे, बाकीर उहाँ एसी कोच ना मिलला के चलते स्टेशन प्रबंधन खुद स्लीपर कोच पs बी-1 के स्टिकर लगा देले। जब ट्रेन चले लागल तs अपना कोच के खोजत यात्री ओहि में बईठ गईले।

रास्ता में गरमी के चलते समस्या के सामना करे के पड़ल तs रेल एड, रेलवे हेल्पलाइन अवुरी सोशल मीडिया के माध्यम से शिकायत कईले, बाकीर जब कवनो सकारात्मक प्रतिक्रिया ना मिलल तs हाजीपुर में विरोध कईले।

पूर्वोत्तर रेलवे के सीपीआरओ पंकज सिंह बतवले कि स्टेशन पs यात्री के ओर से विरोध प्रदर्शन के जानकारी मिलला पs अधिकारी मौका पs पहुंचले अवुरी जल्दी से जल्दी समस्या के समाधान हो गईल। चिकित्सा सुविधा के संगे यात्री के ठंडा पानी भी दिहल गईल। पूर्वोत्तर रेल प्रशासन पूरा कोशिश कईलस कि हर संभव मदद मिल सके।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]