Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Heart Touching Story: छह साल के लईका के डॉक्टर से अपील, मां-बाबूजी के मत बताएम कैंसर बा

499

केहू सांचे कहले बा कि लईका अपना मासूमियत आ सादगी से केहुओ ले दिल जीत लेला लोग। हाले में हैदराबाद के अपोलो अस्पताल के न्यूरोलॉजिस्ट डॉक्टर सुधीर गुप्ता ट्विटर पs एगो वाकया साझा कइले बाड़ें। जब एगो 6 साल के मासूम उनका से एगो अइसन गुजारिश कइलस, जवना सुनके ऊ खुद बहुत भावुक हो गइलें।

कैंसर से जूझ रहल लईका अपना डॉक्टर से कहलस कि रउआ हमार माई-बाबूजी के मत बताएम कि हमरा कैंसर बा। ऊ कहलस, हम अपना बेमारी के बारे में आईपैड में पढ़ले बानी। हम जानत बानी कि हम खाली छव महीना जी पाएम। हम ओह लोग के एहिसे नईखी बतवलें कि ऊ नाराज हो जाई। डॉक्टर सुधीर गुप्ता लईका आ ओकर माई-बाबूजी के संगे भइल बात ट्वीट कs के साझा कइलें।

 

 

डॉ. कुमार ने लिखले कि एक दिन ओपीडी में एगो दंपती आइल आ ऊ अनुरोध कइलस कि मनु बाहर इंतजार कर रहल बा। ओकरा कैंसर बा, बाकिर हमनी के नइखी चाहत कि ओकरा सामने एह बात के जीकिर होखे। प्लीज ओकरा के देखीं आ इलाज करीं। ओकरा के एह बारे में मत बताई।

चलत रहे कीमोथेरेपी

डॉक्टर माई-बाबूजी के अनुरोध के बाद मनु से मुलाकात कइले रहस, जवन व्हीलचेयर पs रहे। ऊ ब्रेन कैंसर से पीड़ित रहे आ ओकर कीमोथेरेपी चलत रहे। एही दौरान डॉक्टर मनु के माई-बाबूजी के ई बात बतवलें।

माई -बाबूजी के आंखिन में रहे लोर

जब मनु के माई-बाबूजी के पता चलल कि उनकर बेटा अपना बेमारी के बारे में जानत रहे। जब ओह लोग के ई पता चलल तs ऊ लोग डॉक्टर से मिले आइल रहे। ओकर माई-बाबूजी डॉक्टर के शुक्रिया करे आइल लोग कि उनका वजह से ऊ लोग अपना बेटा के संगे आठ महीना बीता पाइल। पिछलका महीना मनु कैंसर से जंग हार गइल।

433380cookie-checkHeart Touching Story: छह साल के लईका के डॉक्टर से अपील, मां-बाबूजी के मत बताएम कैंसर बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.