छठ पूजा समाप्त होखतही प्रवासी बिहारी अब वापस लवटे लागल बा लो। बिहार के अलग-अलग रेलवे स्टेशनन से हर दिन करीब दु लाख से जादे लोग वापस जा रहल बा। आज पटना जंक्शन से छव गो नया स्पेशल ट्रेन खुली। हालांकि दिल्ली, मुंबई, कोलकाता सहित आउर शहरन में जाये खातिर ट्रेन में टिकट नइखे मिल रहल बा। रेलवे के ओर से पूरा बिहार से करीब 150 से जादे स्पेशल ट्रेन चलावल जा रहल बाड़ी सs। सबसे जादे भीड़, पटना रेलवे स्टेशन पs देखे के मिल रहल बा।
यात्रियन के बढ़त भीड़ आ सुविधा के ध्यान में रखत पूर्व मध्य रेलवे के ओर से पटना से अलग-अलग शहर खातिर छव गो नया स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। आज 11 नवंबर के पटना जंक्शन से छव नया स्पेशल ट्रेन के संचालन कइल जाई।
कोलकाता, सिकंदराबाद आइल-जाइल आसान
पूर्व मध्य रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी जानकारी देत बतवलें कि गाड़ी संख्या 02251 पटना-नई दिल्ली स्पेशल ट्रेन, गाड़ी संख्या 03124 पटना-कोलकाता स्पेशल ट्रेन, गाड़ी संख्या 03329 पटना-नई दिल्ली स्पेशल ट्रेन, गाड़ी संख्या 03253 पटना-सिकंदराबाद जंक्शन स्पेशल ट्रेन, गाड़ी संख्या 02393 पटना-नई दिल्ली स्पेशल ट्रेन आ गाड़ी संख्या 06086 पटना एर्नाकुलम जंक्शन स्पेशल ट्रेन के आज 11 नवंबर के संचालन कइल जा रहल बा। सब ट्रेन पटना जंक्शन से खुली।