Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीवान में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा के नाम पर मांगल जा रहल बा पैसा, जानीं का बा पूरा ममिला

सीवान में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा के नाम पर पैसा मांगल जा रहल बा। ई पईसा सोशल मीडिया पर फेक अकाउंट बनाके मांगल जा रहल बा। हालांकि, ओसामा कहलें कि ई सारा सोशल मीडिया अकाउंट फर्जी बा । ऊ कवनो सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म पर हइये नइखे। 

472

सीवान में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा के नाम पर पैसा मांगल जा रहल बा। ई पईसा सोशल मीडिया पर फेक अकाउंट बनाके मांगल जा रहल बा। हालांकि, ओसामा कहलें कि ई सारा सोशल मीडिया अकाउंट फर्जी बा काहेकि कवनो सोशल मीडिया प्लेटफार्म पर कवनो अकाउंट हइये नइखे। ऊ केहू से सोशल मीडिया के जरिए पैसा नइखे मांगल जा रहल बा। ऊ अभी शहर से बाहर बा। वापस लवटला पर सीवान जिला प्रशासन से एह बारे में शिकायत करी लो। ऊ लोगन से अपील कइले बाड़ें ऊ फर्जी मैसेज से बचे लो। बता दीं कि पूर्व बाहुबली सांसद शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा वर्तमान में राजनीति में हाथ आजमा रहल बाड़ें।

हमरा के बदनाम करे के चल रहल साजिश: ओसामा

सीवान के पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा कहलें कि लोगन से अपील बा कि ऊ एह तरे के फर्जी मैसेज से बचल जाव। एह तरे के फेक आईडी बनाके हमरा के बदनाम करे के साजिश रचल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि एगो व्यक्ति के ओसामा के नाम से कइयन बेर मैसेज आइल बा। एह मैसेज में लिखल गइल बा कि हमरा छपरा के एगो आदमी के मैसेज आइल बा। उनका के कुछ खर्चा भेजे के बा। मैसेज में दस हजार रुपिया के डिमांड कइल गइल बा। बड़ बात ई बा कि ओह व्यक्ति के एके मैसेज कइयन बेर आइल बा।

पहिलहू भइल बा अइसन हरकत

गौर करे आला बात बा कि कुछ दिन पहिलहू RJD के खिलाफ ओसामा के नाम से फेक मैसेज फइलावल गइल रहे। दरअसल, ओसामा के नाम से एगो फेक व्हाट्सएप के जरिए RJD के खिलाफ जहर उगलल गइल रहे। मैसेज में कहल गइल रहे कि अम्मा जवन सोच रहल बाड़ी तs ऊ बोलिहें, बाकिर हमरा राजद पसंद नइखे। अब सब कुछ अम्मी के उपर बा। बता दीं कि बाहुबली सांसद शहाबुद्दीन के मौत के बाद लोग ओसामा के उनका रूप में देखल जा रहल बा। लोगन के मानल बा कि ऊ सीवान पर अपना पिता के तरह राज कर सकी लो। हालांकि बड़ बात ई बा कि उनका मौत के बादो परिवार के दबदबा सीवान आ आसपास के इलाकन पर कम नइखे भइल।

साभार: प्रभात खबर

402530cookie-checkसीवान में शहाबुद्दीन के बेटा ओसामा के नाम पर मांगल जा रहल बा पैसा, जानीं का बा पूरा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.