[the_ad_group id="30365"]

Siwan: अपराधियन द्वारा ट्रांसपोर्ट कंपनी के कैशियर के चाकू मारके कइले जख्मी, रुपियन से भरल बैग के लूट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Siwan के सराय ओपी थाना क्षेत्र के मां पुर गांव के लगे मंगर के साँझ करीब 6:30 बजे बाइक प सवार अपराधियन एगो ट्रांसपोर्ट कंपनी के कैशियर के चाकू घोंप जख्मी के रुपियन से भरल बैग लूट लिहल गइल। स्थानीय लोगन के मदद से गंभीर रूप से जख्मी कैशियर के उपचार खातिर सदर अस्पताल में भर्ती कइल गइल बा। जख्मी कैशियर के नाम मिथिलेश कुमार ह जवन भागलपुर शहर के निवासी तार किशोर प्रसाद के लईका हवे। घटना के संबंध में बतावल जात बा कि मां अन्नपूर्णा ट्रांसपोर्ट के कैशियर मिथिलेश कुमार बाइक से शहर में व्यवसायिन के लगे लहना वसूले गइल रहस।

अपराधी में पीछा क के मरले चाकू

बतावल जा रहल बा कि घायल व्यक्ति लहना वसूल के जब लवटत रहले कि तब पीछा कर रहल बाइक प सवार अपराधियन द्वारा माह पुर गांव के लगे घेर लिहल गइल आ चाकू मार जख्मी क के जख्मी रुपियन से भरल बैग लूट लिहल गइल बा। कैशियर द्वारा अपराधियन के विरोध कइल गइल बा। जवना कारण अपराधी चाकू से ओकर समूचा देह के गोद डलले। स्थानीय लोग घटना के सूचना 112 प पुलिस के दिहल। बाकिर पुलिस के पहुंचला के पहिले स्थानीय लोग ट्रांसपोर्ट के कर्मचारियन के मदद से घायल कैशियर के उपचार खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल लो।

बैग में केतना पईसा रहे केहु के नइखे पता

ट्रांसपोर्ट के कर्मचारी लो लूट के बात तs बतावल लोग बाकिर बैग में केतना रुपिया रहे एकर जानकारी ना हो सकल। कर्मचारियन के कहनाम रहे कि बैग में एक लाख से अधिक रुपिया होखला के संभावना बा। घटना के सूचना मिलतही सराय ओपी उपेंद्र कुमार सिंह सदर अस्पताल पहुंचके घटना के जानकारी लेले। हालत गंभीर होखला के कारण डॉक्टर पीएमसीएच पटना रेफर क दिहले । चिकित्सक लोग बतावल कि चाकू लगला के कारण आंतरिक अंगन के बहुते नुकसान भईल बा। अइसन में बेहतर इलाज खातिर पटना भेजल गइल बा। घायल व्यक्ति के स्थिति नाजुक बा। पुलिस ममिला  के जांच कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]