[the_ad_group id="30365"]

Singapore Airlines: टर्बुलेंस के सामना करे के बाद बिगड़ गइल रहे हालात, मुश्किल से बचल यात्रियन के जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सिंगापुर एयरलाइंस बुध के कहलस कि लंदन से सिंगापुर जाए वाली उड़ान में अचानक उथल-पुथल के चलते एक यात्री के मउत अवुरी 30 लोग के चोट पहुंचे वाला घटना के जांच में उs संबंधित अधिकारी के पूरा सहयोग करतिया। बैंकाक के सुवर्णभूमि हवाई अड्डा के महाप्रबंधक किट्टीपोंग किट्टीकाचोर्न बतवले कि, ब्रिटिश यात्री ज्यॉफ्रे किचेन (73 साल) के उड़ान के दौरान मउत हो गईल। उनुका के दिल के दौरा पड़ला के आशंका बा।

एगो यात्री के मउत हो गईल

लंदन से सिंगापुर जाए वाली सिंगापुर एयरलाइंस के उड़ान SQ321 20 मई के उड़ान भरला के करीब 10 घंटा बाद अचानक उथल-पुथल में फंस गईल। उथल-पुथल के चलते विमान में बहुत हिलल-डुलल जवना के चलते एगो ब्रिटिश यात्री के मउत हो गईल। एह घटना में 30 यात्री घायल हो चुकल बाड़े अवुरी बैंकाक के अस्पताल में इलाज चलता।

एह जाँच में एयरलाइंस सहयोग करत बाड़ी सँ

सिंगापुर एयरलाइंस के मुख्य कार्यकारी अधिकारी गोह चून फोंग बतवले कि एयरलाइन एs घटना के जांच में संबंधित अधिकारी के पूरा सहयोग करतिया। एयरलाइन कहलस कि, सिंगापुर से एसआईए के एगो विशेष टीम हमनी के सहयोगी अवुरी स्थानीय अधिकारी के मदद खातीर बैंकाक पहुंचल बिया। गोह कहले कि, हमनी के एसक्यू321 के यात्री अवुरी चालक दल के हर संभव सहयोग दे रहल बानी, ‘सिंगापुर एयरलाइंस के ओर से हम मरेवाला यात्री के परिवार अवुरी प्रियजन के प्रति गहरा संवेदना करतानी।’ एह फ्लाइट के सभ यात्री अवुरी चालक दल के जवन आघात पहुंचल बा ओकरा खातीर हमनी के भी ईमानदारी से माफी मांगतानी।”

विमान अंडमान सागर के ऊपर रहे 

बता दीं कि सिंगापुर एयरलाइंस के विमान भारतीय समय सोमार के दिने दुपहरिया 2:45 बजे लंदन से उड़ान भरलस। उड़ान सिंगापुर में दुपहरिया 3:40 बजे उतरे के रहे, बाकीर उड़ान भरला के 11 घंटा बाद म्यांमार के हवाई क्षेत्र में 37 हजार फीट पs उथल-पुथल में फंस गईल। म्यांमार के लगे अंडमान सागर के ऊपर से विमान के उथल-पुथल के सामना करे के पड़ल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]