[the_ad_group id="30365"]

Badminton: सैयद मोदी बैडमिंटन टूर्नामेंट में सिंधू उन्नति आ लक्ष्य शोगो के हरा फाइनल में

पीवी सिंधू-लक्ष्य सेन - फोटो : PTI/senlakshya (INSTAGRAM)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओलंपिक में दु बेर के पदक विजेता पीवी सिंधू आपन सानदार प्रदर्शन जारी रखत सनीचर के हमवतन उन्नति हुड्डा के सीधा गेम में हराके सैयद मोदी अंतरराष्ट्रीय सुपर 300 बैडमिंटन टूर्नामेंट के महिला एकल के फाइनल में प्रवेश कइली। सिंधू सैयद मोदी टूर्नामेंट में अपना तीसरा खिताब के दहलीज पs बाड़ी। पुरुष एकल में अल्मोढ़ा के लक्ष्य सेन जापान के शोगो ओगावा के 42 मिनट में 21-8, 21-14 से हराके खिताबी मुकाबला में प्रवेश कइलें।

इहो पढ़ीं : SHS Bihar CHO Admit Card 2024: एक दिसंबर के होई बिहार सीएचओ के परीक्षा, तुरंत डाउनलोड करीं आपन प्रवेश पत्र
शीर्ष वरीयता प्राप्त सिंधू महिला एकल के पहिला सेमीफाइनल में 17 साल के उन्नति के खाली 36 मिनट में 21-12, 21-9 से हरा देली। उन्नति कइयन गो बेजा गलती कइली जवना से सिंधू आसानी से मैच पs नियंत्रण बना लेली। पूर्व विश्व चैंपियन आ अब दुनिया में 18वां नंबर के खिलाड़ी के सामना अब थाईलैंड के लालिनराट चाइवान आ चीन के लुओ यू वू के बीच होखे वाला दुसरका सेमीफाइनल के विजेता के संगे होई।

तनीषा आ ध्रुव के जोड़ी खिताबी मुकाबला में

एकरा पहिले तनीषा क्रैस्टो आ ध्रुव कपिला के भारतीय मिश्रित युगल जोड़ी चीन के झी होंग झोउ आ जिया यी यांग के जोड़ी पs सीधे गेम में जीत दर्ज कs के फाइनल में जगह बनवलस। पांचवीं वरीयता प्राप्त तनीषा-कपिला के भारतीय जोड़ी 42 मिनट तक चलल सेमीफाइनल में चीन के चउथा वरीयता प्राप्त जोड़ी के 21-16, 21-15 से हरवलें। उनकर अगिला मुकाबला चीन के पिन यी लियाओ आ के शिन हुआंग आउर थाईलैंड के डेचापोल पुवारानुक्रोह आ सुपिसरा पेवसम्प्रान के छठी वरीयता प्राप्त जोड़ी के बीच होखे वाला दूसरका सेमीफाइनल के विजेता से होई।

इहो पढ़ीं : एनजीटी के आरोप- अधिकरण के काम में बाधा डाल रहल बा पर्यावरण मंत्रालय

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]