[the_ad_group id="30365"]

श्रीराम मंदिर : एह दिन रामलाला के होई प्राण प्रतिष्ठा, काशी के विद्वान लोगन से मांगल गईल तीन शुभ तिथि 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के कोषाध्यक्ष गोविंद देव गिरी प्राण प्रतिष्ठा के मुहूर्त खातिर काशी के दिग्गज विद्वान कोषाध्यक्ष गोविंद देव गिरी से तीन मुहूर्त मंगले रहले। उनका से कहल गईल कि 15 जनवरी से 25 जनवरी 2024 के भीतर इ मुहूर्ता निकालल जाए।

रामजनमभूमि के निर्माणाधीन राम मंदिर के भूतल के 80 प्रतिशत काम पूरा हो चुकल बा। रामलाला के अभिषेक के तैयारी भी शुरू हो गईल बा। श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट काशी के विद्वानन से प्राण प्रतिष्ठा खातिर तीन गो शुभ तिथि मंगले रहले। 22 जनवरी के तिथि के विद्वान लोग शुभ घोषित क दिहले बा।

 

श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के योजना बा कि जनवरी 2024 तक रामलाला के प्राण प्रतिष्ठा भव्य गर्भगृह में क दिहल जाई। सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के कोषाध्यक्ष गोविंद देव गिरी काशी के दिग्गज विद्वान गणेश्वर शास्त्री द्राविड़ से प्राण प्रतिष्ठा के शुभ समय खातीर तीन शुभ समय मंगले रहले। एकरा से कहल गईल कि 15 जनवरी से 25 जनवरी 2024 के भीतर इ मुहूर्ता निकालल जाए। गणेश्वर शास्त्री द्रविड़ 22 जनवरी 2024 के शुभ समय निकालले बानी। एकरा अलावे उ फरवरी में मुहुर्ता निकाल के ट्रस्ट के सूचना देले।

 

कहल जाव कि ज्योतिषी आचार्य गणेश्वर शास्त्री द्रविड़ जन्मभूमि पे भगवान राम के भव्य मंदिर के शिलान्यास के शुभ समय निकालले रहले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 5 अगस्त 2020 के, एह मुहूर्त के समय भगवान रामलाला के मंदिर के शिलान्यास कईले रहले। हालांकि ट्रस्ट के अधिकारी ए मामला में कुछूओ खुलासा करे से इनकार क देले बाड़े। ट्रस्टी लोग के कहनाम बा कि देश भर के विद्वानन से राय लिहल जा रहल बा, सबके सहमति से प्राण प्रतिष्ठा के शुभ समय तय हो जाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]