[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी के रहले में गोरखनाथ मंदिर में आजु से शुरू होई श्रीरामकथा, चली फ्री में बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महंत दिग्विजयनाथ अउरी महंत अवेद्यनाथ के पुण्यतिथि के उपलक्ष्य में साप्ताहिक कार्यक्रम के श्रृंखला के शुभारंभ मुख्यमंत्री अउरी गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ के मौजूदगी में सात सितंबर से होई। बुध के दुपहर बाद तीन बजे से गोरखनाथ मंदिर के दिग्विजयनाथ स्मृति सभागार में संगीतमय श्रीराम कथा ज्ञानयज्ञ के शुभारंभ होई।

व्याख्यानमाला के शुरुआत आठ सितंबर से होई। सीएम योगी उद्घाटन के संगही समापन समारोह में भी सम्मिलित होइहें। गोरखनाथ मंदिर के प्रधान पुजारी योगी कमलनाथ बतवलें कि अयोध्या से पधारल जगद्गुरु रामानुजाचार्य स्वामी श्रीधराचार्य (पीठाधीश्वर, अशर्फी भवन अयोध्या) रामकथा के रसपान करइहें। एकरे पहिले श्रीराम कथा ज्ञानयज्ञ के शोभायात्रा निकालल जाई। कथा रोज दुहपर बाद तीन बजे से साँझ छह बजे ले सुनावल जाई। एकर पूर्णाहुति हवन अउरी भंडारा के संगे 13 सितंबर के होई।

योगी कमलनाथ बतवलें कि विभिन्न सामयिक अउरी ज्वलंत विषयन पर व्याख्यानमाला के शुरुआत बियफे से होई। गोरखनाथ मंदिर के दिग्विजयनाथ स्मृति भवन में व्याख्यान रोज बिहाने 10.30 बजे से होई। पहिले दिन आठ सितंबर के ‘आजादी का अमृत महोत्सव: संकल्पना से सिद्धि तक’ विषय पर व्याख्यान होई। नौ सितंबर के ‘भारतीय सेना और अग्निपथ’, 10 सितंबर के ‘नए भारत के निर्माण में राष्ट्रीय शिक्षा नीति की भूमिका’, 11 सितंबर के ‘संस्कृत एवं भारतीय संस्कृति’, 12 सितंबर के ‘भारतीय संस्कृति एवं गोसेवा’ विषय पs व्याख्यान के आयोजन कइल जाई। 13 सितंबर के महंत दिग्विजयनाथ अउर 14 सितंबर के महंत अवेद्यनाथ के श्रद्धांजलि देवे खातर मुख्य कार्यक्रम आयोजित होई।

कथा स्थल खातिर इहां से मिली फ्री में बस

  • लालडिग्गी पार्क, बाबा चैन सिंह मंदिर, इलाहीबाग, सूर्यकुंड ओवरब्रिज, रामलीला मैदान से गोरखनाथ मंदिर
  • मुंशी प्रेमचंद पार्क, टीडीएम चौराहा, रीड्स साहब चौराहा, शास्त्री चौक, गोलघर, धर्मशाला बाजार से गोरखनाथ मंदिर
  • इंजिनियरिंग कॉलेज, गिरधरगंज, छात्रसंघ चौराहा, विश्वविद्यालय चौक, रेलवे स्टेशन रोड, महाराणा प्रताप तिराहा से गोरखनाथ मंदिर
  • गीता वाटिका, धर्मपुर, पादरी बाजार, खजांची चौक, स्पोर्ट्स कॉलेज, जंगल नकहा, राणी सती दारी मंदिर, रामनगर चौराहा से गोरखनाथ मंदिर
  • महेसरा, बरगदवां, राजेंद्र नगर से गोरखनाथ मंदिर।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]