[the_ad_group id="30365"]

श्री राम चरण पादुका : मुख्यमंत्री योगी पूजन कs के कर्मभूमि यात्रा के हरिहर झंडी दिखाके कइलें रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफ़े के श्रीराम चरण पादुका पूजन कार्यक्रम में शामिल भइलें। एह दौरान केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे अउर परिवहन मंत्री दयाशंकर सिंह अउर साधु संत मौजूद रहलें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ मंत्रोच्चारण के साथ विधि-विधान से श्रीराम चरण पादुका के पूजा अर्चना कs के श्री राम कर्मभूमि यात्रा के शुभारंभ कइलें। ऊ गंगा जल से आचमन अउर श्रीराम चरण पादुका पर पुष्प अर्पित क के भगवान श्रीराम से लोक कल्याण के मंगलकामना कइलें।
श्री राम कर्मभूमि यात्रा अयोध्या से बक्सर होत जनकपुर ले जाई। उनके संगे केंद्रीय मंत्री अश्विनी चौबे भी विधि विधान से श्रीराम चरण पादुका के पूजा अर्चना कइलें। पूजा अर्चना के बाद ऊ नारियल फोड़ के श्रीराम चरण पादुक रथ के रवाना कइलें। एसे पहिले साधु संत लोग मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के भगवान श्रीराम पर आधारित पुस्तक अउर गंगा जल भेंट कइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]