[the_ad_group id="30365"]

श्रीकृष्ण जन्मभूमि-ईदगाह मामिला: अखिल भारत हिंदू महासभा के बयान- मीना मस्जिद बा अवैध कब्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मथुरा में शाही मस्जिद ईदगाह के विवाद के बाद एगो अउरी नया मामला सोझे आइल बा। अखिल भारत हिंदू महासभा के राष्ट्रीय कोषाध्यक्ष दिनेश शर्मा श्रीकृष्ण जन्मस्थान के निकट स्थित एगो अउरी मस्जिद के ठाकुर केशवदेव के 13.37 एकड़ जमीन में बनल बतवलें बानें।

अदालत में दावा कइल गइल बा कि ई मस्जिद अवैध अतिक्रमण हवे। हाल ही में एहपर नया निर्माण भी कइल गइल बा जौन कि गलत बा। अदालत से एके हटावे के मांग कइल गइल बा।

महासभा के कोषाध्यक्ष सिविल जज सीनियर डिवीजन के अदालत में देहल वाद में कहले बानें कि औरंगजेब श्रीकृष्ण जन्मभूमि मंदिर के तुड़लस अउर शाही ईदगाह के अतिक्रमण के रूप में खड़ा कइलस।

ओकरे औरंगजेब के वंशज श्रीकृष्ण जन्मभूमि मंदिर के पूर्वी सीमा पर कथित मीना मस्जिद बना डरलें जौन कि गलत बा अउरी एके एह जमीन से हटावल जाई। एके लेकर कइल गइल दावा में उनके सुन्नी वक्फ बोर्ड के अलावा मीना मस्जिद के सचिव के पार्टी बनावल गइल बा। अदालत दावा पर सुनवाई खातिर 26 अक्तूबर के तारीख लगवले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]