Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्री अमरनाथ यात्रा 2023 : लाखन शिव भक्तन के बोलावा आइल, श्री अमरनाथ यात्रा के तिथियन के घोषणा; एह दिन से शुरू रजिस्ट्रेशन

श्री अमरनाथ यात्रा 2023 के ताजा अपडेट: बाबा बर्फानी के दर्शन करे खातिर श्री अमरनाथ यात्रा पे जाए के तइयारी में लाखन श्रद्धालु लोग खातिर बड़हन खबर बा। आखिर एह साल के यात्रा के तारीख के एलान हो गइल बा|

2,017

श्री अमरनाथ यात्रा 2023 के ताजा अपडेट: बाबा बर्फानी के दर्शन करे खातिर श्री अमरनाथ यात्रा पे जाए के तइयारी में लाखन श्रद्धालु लोग खातिर बड़हन खबर बा। आखिर एह साल के यात्रा के तारीख के एलान हो गइल बा|
श्री अमरनाथ यात्रा 2023 के प्रारंभ तिथि घोषणा : श्री अमरनाथ यात्रा 2023 के शुरुआत के इंतजार में लाखन श्रद्धालु लोग खातिर एगो बढ़िया खबर बा। जम्मू कश्मीर सरकार एह साल के यात्रा के तारीख के एलान कइले बिया | यात्रा के घोषणा करत राज्य के उपराज्यपाल मनोज सिन्हा कहले कि अबकी बेर यात्रा एक जुलाई से शुरू होई आ 31 अगस्त के खतम होई। एह यात्रा खातिर भक्त 17 अप्रैल से आपन रजिस्ट्रेशन शुरू क सकेलें | ई रजिस्ट्रेशन ऑनलाइन आ ऑफलाइन दुनु तरीका से कइल जाई|

दुनो रूट पे एक संगे यात्रा शुरू होई
एलजी बतवलस कि श्री अमरनाथ यात्रा 2023 अपना पारंपरिक दुनु रूट पहलगाम आ बालटाल पे एके साथ शुरू होखी| दुनो रूट पे सफाई आ सुरक्षा के इंतजाम शुरू करे के निर्देश जारी क दिहल गईल बा। उ बतवले कि अबकी बेर यात्रा खातीर श्री अमरनाथजी यात्रा ऐप भी जारी होई। एकरा माध्यम से मौसम समेत यात्रा के बारे में रियल टाइम जानकारी लाइव होई। एकरा संगे लोग के ए ऐप के माध्यम से आ बहुत जरूरी जानकारी मिल सकता।

आरती के लाइव प्रसारण रोज होखी
उपराज्यपाल मनोज सिन्हा कहले कि अबकी बेर श्री अमरनाथ यात्रा 62 दिन के होई। पिछला साल के तरह अबकी बेर भी श्री अमरनाथजी तीर्थ बोर्ड (एसएएसबी) से यात्रा के दौरान बाबा बरफानी के आरती (श्री अमरनाथ यात्रा 2023) के लाइव टेलीकास्ट होई। घर में बइठ के लोग एकरा के अपना टेलीविजन पर देख सकीहें | एकरा संगे बईठ के बाबा बरफानी के भी देखे के मउका मिली।

कई जगह यात्री आवास बनावल गइल
जम्मू-कश्मीर प्रशासन के मुताबिक अमरनाथ यात्री (श्री अमरनाथ यात्रा 2023) के सुविधा खातीर जम्म, बनिहाल, श्रीनगर समेत बहुत जगह पr यात्री आवास बनावल गईल बा, जहां यात्री रह सकतारे। एकरा संगे आतंकी खतरा से निपटे खातीर सुरक्षाबलन के समीक्षा शुरू क दिहल गईल बा। जल्दिये एकरा खातिर डिमांड रिपोर्ट तइयार क के गृह मंत्रालय भेजल जाई | एकरा बाद सुरक्षा बल के कंपनी मिलला पे यात्रा मार्ग पे तैनात कईल जाई।

517390cookie-checkश्री अमरनाथ यात्रा 2023 : लाखन शिव भक्तन के बोलावा आइल, श्री अमरनाथ यात्रा के तिथियन के घोषणा; एह दिन से शुरू रजिस्ट्रेशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.