[the_ad_group id="30365"]

श्रावणी मेलाः तीसरका सोमारी पs गरीबनाथ धाम में उमड़ी अपार भीड़, डाक कांवरियन खातिर रही ई खास इंतजाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुज्जफरपुर: सावन के तीसरा सोमारी पs बिहार के देवघर कहल जाये वाला बाबा गरीबनाथ धाम में शिवभक्तन के
आपार भीड़ उमड़ी। एगो अनुमान के मोताबिक लगभग ढाई लाख भक्त बाबा के जलाभिषेक करी लो। एही
बीचे हजारन के तादाद में डाक बम पहुंची लो जेकरा के संभारल मुश्किल होई। बिना रुकले एह डाक बमन के जलाभिषेक करावल प्रशासन खातिर चुनौती होई। एकरा के देखत जिला प्रशासन कावर से डाक कांवरियन के हैंड बैंड
देवे के तइयारी बा। हिन्दुस्तान के रिपोर्ट के मोताबिक दूसरका सोमारी पs 11 हजार हैंड बैंड कम पर गइल रहे, जवना कारण से अबकि बेर दुगुना से अधिक देवे के तइयारी कइल गइल बा।

30 हजार हैंड बैंड

श्रावणी मेला के नोडल पदाधिकारी शारंग मनी पांडेय बतवले कि जिला प्रशासन कावर से हैंड बैंड देवे के एहिसे तइयारी कइल गइल बा, ताकि डाक बम के सही पहचान हो सको आ जिला प्रशासन ओह लो के सुविधा मुहैया करा सको। तीसरा सोमारी पs 30 हजार हैंड बैंड तइयार कइल गइल बा।

हैंड बैंड वैशाली जिला प्रशासन के उपलब्ध करावल जाला, जवना के पहलेजे घाट पs डाक कांवरियन के दे
दिहल जाला। हैंड बैंड लगाके अइला से कांवरियन के असुविधा ना होई।

कांवरिया रूट पs साफ-सफाई तेज

तीसरा सोमारी पs बाबा गरीबनाथ मंदिर आवे वाला कांवरियन के संख्या दु लाख के पार होखे के
संभावना के बीचे मंदिर से लेके  कांवरिया रूट तक व्यवस्था दुरुस्त करे के कवायद चल रहल बा। एकर मॉनिटरिंग नगर निगम मुख्यालय के स्तर से कइल जा रहल बा। सुक से सफाईकर्मियन के टीम कांवरिया रूट के स्वच्छ बनावे के मिशन पर फेर लाग जाई। श्रावणी मेला के देखत 100 अतिरिक्त सफाईकर्मियन के लगावल गइल बा।

सावन महीना में नदी घाटन पs चौकीदार लोगन के संगही गोताखोरन के तैनाती रही। अमूमन सनिचर से कांवरिया लो नदी से जल भरना सुरू कs देवेला लो आ ई सिलसिला सोमार के दुपहरिया तक जारी रहेला। एकरा के देखत जिला के सब अंचलाधिकारियन आ थानेदारन के अलर्ट कइल गइल बा। श्रद्धालु लोगन के नदी घाट से जल भरे आ मंदिर में पूजा-अर्चना करे तक हर स्तर पs सतर्कता बरते के निरदेस दिहल गइल बा जवना से कवनो, घटना ना घटे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]