Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रावणी मेला 2022: भागलपुर के सुल्तानगंज में जुटे लागल कांवरियन के भीड़, गुरु पूर्णिमा पs श्रद्धालु लोग लगावल गंगा में डुबकी

श्रावणी मेला 2022 के सुरुआत बियफे से हो रहल बा। एकरा पहिले भागलपुर के सुल्तानगंज में कांवरियन के भीड़ जुटल सुरू हो गइल बा। गुरु पूर्णिमा के मवका पs श्रद्धालु लोग बुध के गंगा नदी में डुबकी लगावल।

418

सुल्तानगंज मेला परिसर बोल बम के नारन से गूंजे लागल बा। कांवरिया पथ में दुकान सज गइल बाड़ी सs। सुरक्षाकर्मियन के सुल्तानगंज पहुंचला के सिलसिला सुरू हो गइल बा। लगभग 125 सीसीटीवी कैमरन के मेला के निगरानी खातिर लगावल गइल बा। प्रशासन मेला के तइयारी के अंतिम रूप देवे में जुट गइल बा।

बियफे के उप मुख्यमंत्री तारकिशोर प्रसाद श्रावणी मेला के उद्घाटन करिहें उद्घाटन समारोह में बिहार सरकार के छव गो मंत्रियन के अलावे भागलपुर, बांका आ जमुई के सांसद के अलावे विधायक, विधान पार्षद आदि उपस्थित रही लो। कोरोना संक्रमण के चलते दु साल बाद हो रहल श्रावणी मेला में एक महीना में 50 लाख से जादे कांवरियन के आवे के अनुमान बा। जिला के वरीय अधिकारी सुल्तानगंज में तइयारी के समीक्षा कs रहल बा लो।

293340cookie-checkश्रावणी मेला 2022: भागलपुर के सुल्तानगंज में जुटे लागल कांवरियन के भीड़, गुरु पूर्णिमा पs श्रद्धालु लोग लगावल गंगा में डुबकी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.