[the_ad_group id="30365"]

श्रावणी मेला 2022: भागलपुर के सुल्तानगंज में जुटे लागल कांवरियन के भीड़, गुरु पूर्णिमा पs श्रद्धालु लोग लगावल गंगा में डुबकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुल्तानगंज मेला परिसर बोल बम के नारन से गूंजे लागल बा। कांवरिया पथ में दुकान सज गइल बाड़ी सs। सुरक्षाकर्मियन के सुल्तानगंज पहुंचला के सिलसिला सुरू हो गइल बा। लगभग 125 सीसीटीवी कैमरन के मेला के निगरानी खातिर लगावल गइल बा। प्रशासन मेला के तइयारी के अंतिम रूप देवे में जुट गइल बा।

बियफे के उप मुख्यमंत्री तारकिशोर प्रसाद श्रावणी मेला के उद्घाटन करिहें उद्घाटन समारोह में बिहार सरकार के छव गो मंत्रियन के अलावे भागलपुर, बांका आ जमुई के सांसद के अलावे विधायक, विधान पार्षद आदि उपस्थित रही लो। कोरोना संक्रमण के चलते दु साल बाद हो रहल श्रावणी मेला में एक महीना में 50 लाख से जादे कांवरियन के आवे के अनुमान बा। जिला के वरीय अधिकारी सुल्तानगंज में तइयारी के समीक्षा कs रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]