आगरा। लखनऊ के हजरतगंज में कैफे चलावे वाला शिवा शर्मा के हत्या के आरोपी मॉडल श्रद्धा दुबे, फतेहाबाद रोड स्थित होटल ओम पैलेस में एगो युवती आ एगो युवक के साथ ठहरल रहली। पुलिस के पहुंचे से पहिले ही ऊ सबेरे दोसरा गाड़ी से निकल गइली। अब इंटरनेट मीडिया पर होटल में प्रवेश करे के समय के वीडियो वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में श्रद्धा दुबे के चेहरा नइखे लउकत।
पुलिस भी उनका होटल में ठहरे के पुष्टि नइखे करत। हालांकि, होटल के कर्मचारियन के कहनाम बा कि लखनऊ पुलिस के टीम तीनों के होटल से निकल जाए के बाद पूछताछ करे पहुंचल रहे।
लखनऊ के हजरतगंज में कैफे संचालक शिवा शर्मा के नौ अक्टूबर के एगो अपार्टमेंट के चौथा मंजिल से गिर के मौत हो गइल रहे। एह मामला में परिवार के लोग हत्या के मुकदमा दर्ज करवलें। एह मुकदमा में शिवा शर्मा के लिव-इन पार्टनर श्रद्धा दुबे के मुख्य आरोपी बनावल गइल बा|
श्रद्धा दुबे के तलाश में लखनऊ पुलिस के कई टीम लागल रहे। एही बीच श्रद्धा दुबे के लोकेशन आगरा में मिलल। जब पुलिस के टीम इहाँ पहुंचल, तब तक ऊ उहाँ से निकल गइल रहली।
इंटरनेट मीडिया पर वायरल वीडियो में चेहरा नइखे लउकत
मंगलवार के इंटरनेट मीडिया पर 26 आ 16 सेकेंड के दू गो वीडियो वायरल भइल। एह वीडियो में दू गो युवती आ एगो युवक फतेहाबाद रोड स्थित होटल ओम पैलेस में जात लउकत बाड़ें। एह लोग में सबसे आगे चलत युवती आपन चेहरा करिया रंग के शॉल से ढंकले बिया, एह चलते ओकर चेहरा नइखे लउकत।
ओकरा पीछे एगो अउरी युवती चलत बिया। ओकरा पीछे एगो युवक बैग लेके होटल के ओर जात लउकत बा। तीनों लखनऊ नंबर के टैक्सी से उतर के होटल के ओर जात देखाई देत बाड़ें।
आगरा नंबर के गाड़ी से होटल से निकल गइलें
वीडियो में लउकत युवती 17 अक्टूबर के सबेरे लखनऊ नंबर के टैक्सी से 6:53 बजे होटल पहुंचल रहे। अगिला दिन सबेरे 6:30 बजे तीनों आगरा नंबर के अर्टिगा गाड़ी से होटल से निकल गइलें। रायबरेली के देवराज यादव के नाम पर दू गो कमरा बुक करावल गइल रहे।
होटल के स्टाफ बतवलस कि देवराज यादव के आईडी पर बुक भइल रहे कमरा
होटल के कर्मचारी मयंक चौहान बतवलें कि कमरा बुक करावत समय ऊ देवराज यादव के आईडी लेले रहलें। साथ में दू गो महिला भी रहली। ओह लोग के होटल से निकलला के बाद एसटीएफ आ क्राइम ब्रांच के टीम पहुंचल रहे। टीम बुकिंग रजिस्टर के फोटोस्टेट करववले रहे। होटल के सीसीटीवी फुटेज लेवे के साथे ही कर्मचारी से पूछताछ भी कइले रहे।
डीसीपी सिटी रविंद्र कुमार बतवलें कि श्रद्धा दुबे के फतेहाबाद रोड स्थित होटल में ठहरे के कवनो आधिकारिक जानकारी नइखे। दोसरा कवनो जगह से भी एह बारे में जानकारी नइखे मिलल।






