[the_ad_group id="30365"]

आधार कार्ड देखावऽ… फेर गांव में आवऽ, लाठी-डंडा लेके ग्रामीण कर रहल बाड़े गश्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखीमपुर खीरी के महेवागंज इलाका में बार-बार होखे वाला चोरी के घटना से परेशान गांव के लोग अब खुद सुरक्षा के जिम्मा लेले बाड़े। इ लोग सामूहिक रूप से पहरा प बाड़े। सबसे पहिले आधार कार्ड देखे के मिलेला, ओकरा बादे गांव में घुसे के अनुमति मिलेला। रेहुआ सिसवारा के 84 लोग के निगरानी टीम तइयार कर लिहल गइल बा। एमें हर घर से एक आदमी लाठी, मोबाइल आ मशाल से लैस बा। छह गो टीम बनावल गइल बा।

हर टीम में 14 गो गश्ती दल के सदस्य बाड़े। खेत, कोठी, गली, चौराहा अवुरी जंगल में गश्त जारी बा। गाँव में अनजान आ बाहरी लोग के पहचान पुष्टि भइला के बाद घुसे के अनुमति बा। यशपाल एह अभियान के अग्रणी बाड़े। प्रताप सिंह, नवल, जय प्रकाश, रामप्रवेश, किशोर, रामचंद्र बतवले कि साँझ के भोजन आ घर के काम पूरा कइला के बाद टीम रात 9 बजे से सबेरे 3 बजे तक गश्त कर रहल बा।

गाँव के लोग के कहनाम बा कि वर्दी में होखे भा आम गाँव के लोग सबके रोक के पूछताछ कऽ के आगे बढ़े दिहल जाला। ग्रामीण बतवले कि तीन दिन पहिले देर रात गुलारीपुरवा के जंगल के नजदीक कुछ संदिग्ध लोग के आवाज सुनाई देलस। जब मशाल के रोशनी चमकल तऽ जंगल में भाग गइले। जब से पहरा देवे के काम शुरू भइल तब से केहु ना देखाई देलस।

  • एक जुलाई : फूलबेहड़ के दाउदपुर में मुजीब के घर चोरी
  • 10 जुलाई : फूलबेहड़ के रघुआपुर में हजारन के चोरी
  • 24 अगस्त : फूलबेहड़ के तेंदुआ गांव में ट्रायल के बहाने कार चोरी
  • 24 अगस्त : सदर कोतवाली के गोकुलपुरवा में सेंध तीन गो घरन में चोरी
  • 25 अगस्त : सिकंदरपुर में दु घर में लाखन के चोरी
  • 26 अगस्त : सिंगारपुर में लाखन के चोरी
  • 27 अगस्त : सदर कोतवाली के सिंगारपुर के सुरेश यादव के घर लाखन की चोरी
  • दो सितंबर : फरधान के डांडेपुरवा में छह घरन में लाखन के चोरी
  • चार सितंबर : शारदानगर के मथुरापुरवा में नकाब लगा के लाखन के चोरी
  • दु सितंबर : फरधान के डांडेपुरवा में छव घरन में लाखन के चोरी
  • चार सितंबर : शारदानगर के मथुरापुरवा में नकाब लगा के लाखन के चोरी

सीओ सिटी रमेश चंद्र तिवारी बतवले कि चोरी के घटना के खुलासा करे खातिर टीम के तैनाती कइल गइल बा। जल्दिए खुलासा हो जाई। गांव के लोग के ओर से कईल गश्त के बारे में अबहीं तक कवनो जानकारी नइखे। जागरूकता एगो बढ़िया बात बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]