[the_ad_group id="30365"]

स्वामी प्रसाद मौर्य पs फेंकाइल जूता, पुलिस आरोपी के पकड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

Swami Prasad Maurya Hit By Shoe : लखनऊ में ओबीसी अधिवेशन के दौरान समाजवादी पार्टी के नेता स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता से हमला भइल। आरोप बा कि अभिमन्यु यादव नाम के आदमी स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता फेंकले। पुलिस आरोपी के पकड़ लेले बिया। उनुका से पूछताछ होखता। हालांकि अबे ले इ साफ नईखे कि अभिमन्यु यादव कथित तौर पs स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता काहें फेंकले। जूता फेंकला के बाद ओबीसी सम्मेलन में मौजूद सपा कार्यकर्ता आरोपी के पीटले। एकरा बाद समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता भी पुलिस से झड़प कईले।

सपा कार्यकर्ता आरोपी के पीटले

स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता फेंकला के बाद जवन वीडियो सोझा आईल बा, ओकरा में पुलिस आरोपी अभिमन्यु यादव के लेके चलत देखाई देता। वीडियो में देखल जा रहल बा कि समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता आरोपी के पीटत बाड़े अवुरी पुलिस ओकरा के बचावे के कोशिश में लागल बिया।

स्वामी प्रसाद मौर्य के हवें?

जानिए कि स्वामी प्रयाद मौर्य पूर्वांचल के मजबूत नेता हवें। उ तीनों पार्टी बसपा, सपा अवुरी भाजपा में अलग-अलग समय में रह चुकल बाड़े। योगी सरकार के पहिला कार्यकाल में उ मंत्री रहले अवुरी ओकरा बाद भाजपा छोड़ के 2022 के विधानसभा चुनाव से पहिले सपा में शामिल हो गईले। स्वामी प्रसाद मौर्य अक्सर अपना विवादित बयान के लेके चर्चा में रहेले।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]