Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

स्वामी प्रसाद मौर्य पs फेंकाइल जूता, पुलिस आरोपी के पकड़लस

स्वामी प्रसाद मौर्य वीडियो: लखनऊ में स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता फेंकल गइल। पुलिस आरोपी के पकड़ लेले बिया। घटना के बाद सपा कार्यकर्ता आरोपी के पीटाई कईले।

1,792

 

Swami Prasad Maurya Hit By Shoe : लखनऊ में ओबीसी अधिवेशन के दौरान समाजवादी पार्टी के नेता स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता से हमला भइल। आरोप बा कि अभिमन्यु यादव नाम के आदमी स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता फेंकले। पुलिस आरोपी के पकड़ लेले बिया। उनुका से पूछताछ होखता। हालांकि अबे ले इ साफ नईखे कि अभिमन्यु यादव कथित तौर पs स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता काहें फेंकले। जूता फेंकला के बाद ओबीसी सम्मेलन में मौजूद सपा कार्यकर्ता आरोपी के पीटले। एकरा बाद समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता भी पुलिस से झड़प कईले।

सपा कार्यकर्ता आरोपी के पीटले

स्वामी प्रसाद मौर्य पs जूता फेंकला के बाद जवन वीडियो सोझा आईल बा, ओकरा में पुलिस आरोपी अभिमन्यु यादव के लेके चलत देखाई देता। वीडियो में देखल जा रहल बा कि समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता आरोपी के पीटत बाड़े अवुरी पुलिस ओकरा के बचावे के कोशिश में लागल बिया।

स्वामी प्रसाद मौर्य के हवें?

जानिए कि स्वामी प्रयाद मौर्य पूर्वांचल के मजबूत नेता हवें। उ तीनों पार्टी बसपा, सपा अवुरी भाजपा में अलग-अलग समय में रह चुकल बाड़े। योगी सरकार के पहिला कार्यकाल में उ मंत्री रहले अवुरी ओकरा बाद भाजपा छोड़ के 2022 के विधानसभा चुनाव से पहिले सपा में शामिल हो गईले। स्वामी प्रसाद मौर्य अक्सर अपना विवादित बयान के लेके चर्चा में रहेले।

 

 

 

 

 

629020cookie-checkस्वामी प्रसाद मौर्य पs फेंकाइल जूता, पुलिस आरोपी के पकड़लस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.