[the_ad_group id="30365"]

शिरडी के साईं बाबा मंदिर के बम से उड़ावे के मिलल धमकी, बढ़ावल गईल सुरक्षा

साईं बाबा मंदिर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के सबसे बड़ मंदिर में से एक शिरडी साईं बाबा मंदिर पs बमबारी के धमकी के मामला सोझा आईल बा। बता दीं कि पछिला कुछ दिन में बम के धमकी लगातार देखाई देता। एही बीच शिरडी साईं बाबा मंदिर पs बमबारी के धमकी मिलल बा। ई धमकी एगो अनजान अपराधी ई-मेल के माध्यम से दिहले बा। एकरा संगे साईं बाबा मंदिर के बम से उड़ावे के धमकी मिलला के बाद हलचल मच गईल। तुरंत मौका पs भारी पुलिस बल पहुंचल अवुरी पूरा परिसर के तलाशी लिहल गईल। हालांकि मौका से कवनो बम बरामद ना भईल। 

ई-मेल के माध्यम से भेजल धमकी

दरअसल महाराष्ट्र के अहिल्यानगर जिला में स्थित साईं बाबा मंदिर के बम विस्फोट के धमकी मिलल बा। शिरडी के साईं बाबा मंदिर के उड़ावे के संबंध में इs धमकी एगो ईमेल के माध्यम से मिलल बा। एकरा बारे में जानकारी मिलते पुलिस टीम के मौका पs भेज दिहल गईल। पुलिस पूरा मंदिर परिसर के पूरा तलाशी लिहलस। हालांकि मंदिर में अवुरी ओकरा आसपास कवनो संदिग्ध वस्तु चाहे बम ना मिलल। बता दीं कि देश भर से लाखों श्रद्धालु एह मंदिर में पहुंचेले। मेल भेजे वाला आरोपी बम से मंदिर के उड़ावे वाला कहले रहले। 

कवनो संदिग्ध वस्तु ना मिलल

आरोपी मंदिर ट्रस्ट के मेल में साईं बाबा मंदिर प बमबारी के धमकी देले रहले। एही बीच श्री शिरडी साईं बाबा संस्थान के मुख्य कार्यकारी अधिकारी (सीईओ) गोरखश गाडिलकर एकरा बारे में विस्तृत जानकारी देले। उs कहले कि, ‘संस्था (ट्रस्ट) के आपन सुरक्षा कर्मचारी बा, ईमेल मिलला के बाद हमनी के कर्मचारी कई पुलिस टीम के संगे तलाशी लेले, लेकिन कवनो संदिग्ध चीज़ ना मिलल।” मंदिर के लगे कुछ ना बरामद भइला के बाद सुरक्षा बल राहत के सांस मच गइल. हालांकि एकरा बावजूद आसपास के इलाका में सुरक्षा बढ़ावल गईल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]