[the_ad_group id="30365"]

सोमालिया के लगे हाईजैक भइल जहाज: 15 भारतीय क्रू मेंबर्स सवार; शिप पs हथियार लेके उतरल 5-6 लोग, नौसेना INS चेन्नई के रवाना कइलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरब सागर में सोमालिया के तट के लगे एगो आउर जहाज हाईजैक कs लिहल गइल। एह पs  15 भारतीय क्रू मेंबर्स सवार बा लो। ममिला चार जनवरी के हs, बाकिर एकर जानकारी आज सामने आइल। लाइबेरिया के फ्लैग वाले एह जहाज के नाम लीला नोर्फोर्क हs।

भारतीय नौसेना बतवलस कि जहाज ब्रिटेन के मैरीटाइम ट्रेड ऑपरेशन्स (UKMTO) पोर्टल पs एगो संदेश भेजल गइल। एमे कहल गइल बा कि 4 जनवरी के सांझ के करीब 5-6 लोग हथियारन के संगे जहाज पs उतरल।

नेवी कहलस- हमनी के एह ममिला पs नजर बनवले बा।  मर्चेंट वेसल के सुरक्षा खातिर नेवी INS चेन्नई के जहाज के तरफ रवाना कइले बा। मरीन ट्रैफिक के मोताबिक, जहाज ब्राजील के पोर्टो डू एकू से बहरीन के खलीफा बिन सलमान पोर्ट जात रहे। ई 11 जनवरी के लोकेशन पs पहुंचे वाला बा।

INS चेन्नई के लगातार ट्रैक कs रहल बा नेवल एयरक्राफ्ट

इंडियन नेवी कहलस- हाईजैक के सूचना मिलतही एगो मैरिटाइम पैट्रोलिंग एयरक्राफ्ट P8I के जहाज के तरफ रवाना कइल गइल। एयरक्राफ्ट तड़के सबेरे शिप के लोकेशन पs पहुंचके क्रू से संपर्क कइल गइल बा। सभे सुरक्षित बा। नेवल एयरक्राफ्ट लगातार INS चेन्नई के लोकेशन ट्रैक कs रहल बा।

वेसल फाइंडर के मोताबिक, जहाज से आखिरी बार 30 दिसंबर के संपर्क कइल गइल रहे। जहाज के के हाईजैक करे के कोसिस कइल गइल रहे, एकर जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]