[the_ad_group id="30365"]

शिमला-कुल्लू में बरखा से तबाही… बादल फटले से अब ले 6 के मउत, 53 लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारी बरखा के चलते हिमाचल प्रदेश में तबाही मचल बा। राज्य के कई जिला में बादल फटला से 8 लोग के मउत हो गईल। 50 से अधिक लोग लापता बाड़े। मौसम विभाग राज्य के कई जिला में भारी बरखा के अलर्ट जारी कईले बा। एकरा लेके स्थानीय प्रशासन सतर्क हो गईल बा। भारी बरखा के बाद ऊंच ऊँचाई वाला इलाका में भूस्खलन के घटना बढ़ गइल बा. सब पहाड़ी नदी में बाढ़ बा। पर्यटकन के भारी बरखा में बाहर ना निकले के सलाह दिहल गइल बा.

शिमला आ कुल्लू जिला में 6 जने के मउत

राज्य आपदा प्रबंधन विभाग के विशेष सचिव डीसी राणा शिमला जिला के समेज इलाका, रामपुर क्षेत्र, कुल्लू के बाघीपुल इलाका अवुरी मंडी के पद्दार इलाका में बादल फटला से व्यापक तबाही मचल बतवले। 53 लोग लापता बा आ 6 गो लाश बरामद भइल बा। 60 से अधिक घर बह गईल बा। कई गांव बाढ़ से बुरी तरह प्रभावित भइल बा। एनडीआरएफ अवुरी एसडीआरएफ फंसल लोग के बचा लेले बिया।

बुध के रात हिमाचल के तीन जिला – कुल्लू, मंडी आ शिमला में बादल फटला का बाद मंडी के राजबन गाँव से दू गो लाश आ कुल्लू के निरमंड से एगो लाश बरामद भइल बा. कुल्लू के श्रीखंड महादेव के आसपास फंसल करीब 300 लोग सुरक्षित बाड़े अवुरी मलाणा में करीब 25 पर्यटक के स्थानीय लोग के ओर से बढ़िया से देखभाल कईल जाता।

सीएम पीड़ित लोग से बात कईले

अधिकारी बतवले कि बचाव अभियान सेना, एनडीआरएफ, भारत-तिब्बती सीमा पुलिस, राज्य आपदा प्रतिक्रिया बल, पुलिस अवुरी गृहरक्षक के जवान के मदद से ड्रोन के मदद से कईल गईल। हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री सुखविंदर सिंह सुक्खू शिक्षा मंत्री रोहित ठाकुर के संगे शिमला अवुरी कुल्लू जिला के सीमा पs स्थित समेज के दौरा क स्थिति के जायजा लेले अवुरी पीड़ित लोग से बात कईले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]