[the_ad_group id="30365"]

Share Market Opening: सप्ताह के पहिले दिन बाजार के सधल शुरुआत, सेंसेक्स 550 अंक मजबूत, निफ्टी 18000 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछले सप्ताह भारी गिरावट के बाद भारतीय शेयर बाजार के आजु शुरुआत सधल रहल। बेहतर ग्लोबल संकेत के बीच शेयर बाजार में तेजी देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स उछाल के साथ 60 हजार के पार पहुंच गइल बा।

आजु बिहाने के कारोबार में सेंसेक्स 247 अंकों के तेजी के साथ 60,147 पर खुलल। फिलहाल सेंसेक्स में 570 अंक के बढ़त बा अउर ई 60,470 पर ट्रेड कs रहल बा। त निफ्टी के शेयर में भी उछाल देखल गइल। निफ्टी 170 अंक बढ़ के 18030 पर ट्रेड कs रहल बा।

लगभग हर सेक्टर में तेजी

सप्ताह के शुरुआत में लगभग हर सेक्टर में तेजी देखल गइल बा। टेक महिंद्रा के शेयर तीन प्रतिशत चढल बा। पेटीएम में भी तीन प्रतिशत के तेजी बा। एकरे अलावा मेटर, फार्मा अउर ऑटो सेक्टर में भी एक प्रतिशत के तेजी बा। बैंक, पीएसयू, एफएमसीजी, रियल्टी करीब 0.5 प्रतिशत चढ़ल बा। उहवें आईटीस सेक्टर में दू फीसदी के उछाल दिख रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]