Share Market: हरियर निशान पs खुलल घरेलू शेयर बाजार; सेंसेक्स 425 अंक उछलल, निफ्टी 23800 के पार

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 26, 2024

Share Market: घरेलू शेयर बाजार बियफहू के हरियर निशान पs खुलल। बीएसई सेंसेक्स सानदार तेजी के संगे खुलल, जबकि एनएसई निफ्टियो में उछाल देखे के मिलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 425.5 अंक उछलके 78,898.37 पs

Share

शेयर बाजार में लउकल उछाल


Share Market: घरेलू शेयर बाजार बियफहू के हरियर निशान पs खुलल। बीएसई सेंसेक्स सानदार तेजी के संगे खुलल, जबकि एनएसई निफ्टियो में उछाल देखे के मिलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 425.5 अंक उछलके 78,898.37 पs पहुंचल, जबकि निफ्टी 123.85 अंक बढ़के 23,851.50 पs पहुंचल। एकरा अलावे रुपिया सुरुआती कारोबार में नव पईसा के गिरावट के संगे अमेरिकी डॉलर के मुकाबले अपना सर्वकालिक निचला स्तर 85.24 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

share market

निफ्टी के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

share market

अइसन रहल बाजार के चाल

घरेलू शेयर बाजार सेंसेक्स आ निफ्टी में सुरुआती कारोबार में तेजी रहल। बीएसई सेंसेक्स सुरुआती कारोबार 425.5 अंक के बढ़त के संगे 78,898.37 अंक पs पहुंच गइल। एनएसई निफ्टी 123.85 अंक चढ़के 23,851.50 अंक पs रहल। सेंसेक्स में सूचीबद्ध 30 कंपनियन में से भारतीय स्टेट बैंक, मारुति, एक्सिस बैंक, आईसीआईसीआई बैंक, महिंद्रा एंड महिंद्रा आ पावर ग्रिड के शेयर सबसे जादे लाभ में रहल। एशियन पेंट्स, टेक महिंद्रा, नेस्ले आ टाटा कंसल्टेंसी सर्विसेज के शेयर नुकसान में रहल। शेयर बाजार के आंकड़न के मोताबिक, बिदेसी संस्थागत निवेशक (एफआईआई) मंगर के सुद्ध रूप से 2,454.21 करोड़ रुपिया के शेयर बेचल लो।

रुपिया सुरुआती कारोबार में सर्वकालिक निचला स्तर पs

रुपिया बियफे के सुरुआती कारोबार में 10 पईसा टूटके अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 85.25 के नया सर्वकालिक निचला स्तर पs पहुंच गइल। अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में रुपिया 85.23 प्रति डॉलर पs खुलल आ सुरुआती कारोबार में डॉलर के मुकाबले 85.25 के सर्वकालिक निचला स्तर पs पहुंच गइल, जवन पिछला बंद भाव के मुकाबले 10 पईसा के गिरावट दरसावेला। रुपिया मंगर के अमेरिकी डॉलर के मुकाबले 85.15 पs बंद भइल रहे। क्रिसमस के अवसर पs बुध के बिदेसी मुद्रा बाजार बंद रहे।

Read Also: लखनऊ में देर रात दु जगहन पs ताबड़तोड़ हाफ एनकाउंटर, गोली लगले के बाद बदमाश अरेस्ट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.