[the_ad_group id="30365"]

Shardiya Navratri 2024 : नवरात्रि कलश स्थापना खातिर कुछ घंटा के मुहूर्त, जानीं सुभ मुहूर्त के समय आ मंत्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नवरात्रि के सुरुआत अश्विन माह के शुक्ल पक्ष के प्रतिपदा तिथि से माने 3 अक्टूबर से हो रहल बा। अश्विन माह में आवे वाला नवरात्रि के शारदीय नवरात्रि कहल जाला। नवरात्रि के पहिलका दिन घटस्थापना के संगे होला। मान्यता बा कि जवन व्यक्ति एह 9 दिनन में मां दुर्गा के सच्चा दिल से प्रार्थना करेला ओकर सब मनोकामनाएं पूरा होला। एही बीच नवरात्रि के पहिला दिन घटस्थापना सुभ मुहूर्त में कइल बहुत जरुरी बा। आईं जानल जाव नवरात्रि के पहिला दिन घटस्थापना के शुभ मुहूर्त।

मान्यतन आ धर्मग्रंथन के अनुसार, घटस्थापना आ देवी पूजा प्रात: काल में करे के विधान हs। बाकिर, एकरा के चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग में कइल वर्जित मानल गइल बा। 3 अक्टूबर बियफे के दिन चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग दुनो नइखे। एहिसे प्रात: काल घटस्थापना कइल जा सकत बा। आईं जानत जाव रउआ शहर के अनुसार, घटस्थापना के सुभ मुहूर्त का बा।

नवरात्रि 2024 घटस्थापना के शुभ मुहूर्त

1) दिल्ली – सबेरे 6 बजकर 19 मिनट से 8 बजके 39 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 46 मिनट से 12 बजकर 33 मिनट तक।

2) कोलकाता – 5 बजके 32 मिनट से 7 बजके 53 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 1 मिनट से 11 बजके 48 मिनट तक।

3) शिमला – 6 बजके 30 मिनट से 8 बजके 50 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 57 मिनट से 12 बजके 43 मिनट तक।

4) मुंबई – सबेरे 6 बजके 33 मिनट से 8 बजके 55 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 12 बजके 03 मिनट से 12 बजके 51 मिनट तक।

5) चेन्नई – सबेरे 6 बजके 02 मिनट से 8 बजके 24 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजकर 34 मिनट से 12 बजकर 21 मिनट तक।

6) लखनऊ – सबेरे 6 बजके 04 मिनट से 8 बजके 37 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 12 बजे से 12 बजके 50 मिनट तक।

7) वाराणसी – सबेरे 5 बजकर 55 मिनट से 8 बजके 16 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 23 मिनट से 12 बजके 1 मिनट तक।

8) देहरादून – सबेरे 6 बजके 16 मिनट से 8 बजके 36 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 43 मिनट से 12 बजके 29 मिनट तक।

9) बैंगलुरु – सबेरे 6 बजके 12 मिनट से 8 बजके 35 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 44 मिनट से 12 बजके 32 मिनट तक।

10) भोपाल – सबेरे 6 बजके 6 मिनट से 8 बजके 37 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 45 मिनट से 12 बजके 32 मिनट तक।

11) हैदराबाद – सबेरे 6 बजके 10 मिनट से 8 बजके 32 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 41 मिनट से 12 बजके 28 मिनट तक।

12) चंड़ीगढ़ – सबेरे 6 बजके 22 मिनट से 8 बजके 2 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 48 मिनट से 12 बजके 34 मिनट तक।

कलश स्थापना के मंत्र

ओम आ जिघ्र कलशं मह्या त्वा विशन्त्विन्दव:। पुनरूर्जा नि वर्तस्व सा नः सहस्रं धुक्ष्वोरुधारा पयस्वती पुनर्मा विशतादयिः। एह मंत्र के जप कs के कलश के स्थापना करीं।

कलश स्थापना में रखीं एह बातन के खेयाल

  • नवरात्रि के पहिला दिन जब रउआ कलश के स्थापना करीं तs खुद के सुद्ध रखीं आ मन के नकारात्मक विचार मत ले आईं
  • नवरात्रि के पहिला दिन, कलश के स्थापना उत्तर-पूर्व दिशा में करीं। एकरा अलावे रउआ उत्तर भा पूरुब दिशा में कलश के स्थापना कs सकत बानी।
  • कलश के स्थापना कइला के संगही एह बात के खेयाल रखीं कि रउआ 9 दिनन तक पूरा विधि विधान से रोजाना कलश के पूजा करीं।
  • नवमी तक रोज कलश के पूजा कइला के बाद दशमी तिथि में कलश के विसर्जन करीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]