[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश में भइल तख्तापलट पs शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद सरस्वती का कहले? हिन्दू के लेके कहले ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेख हसीना बांग्लादेश में पीएम पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़ी आ देश छोड़ के भारत आ गइल बाड़ी। बांग्लादेश में अब उथल-पुथल मचल बा। बांग्लादेशी सेना देश के अपना कब्जा में ले लेले बिया। जल्दिए ओहिजा अंतरिम सरकार बनावे के एलान हो गइल बा।

बांग्लादेश में हिंसक विरोध प्रदर्शन के बीच शेख हसीना के प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा देवे के पड़ल। ढाका छोड़ के ऊ भारत आ गइली। इहाँ से शेख हसीना अब लंदन जाए के कोशिश में लागल बाड़े। ज्योतिर्मथ के शंकराचार्य स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद सरस्वती बांग्लादेश में होखत उथल-पुथल आ तख्तापलट पर चिंता जतवले बाड़न।

बांग्लादेश सेना ई अपील  – शंकराचार्य

शंकराचार्य अविमुक्तेश्वरानंद कहले कि बांग्लादेश में राजनीतिक उथल-पुथल के बारे में हमनी के जानकारी मिलल बा। देश में सैन्य शासन बा। हमनी के उम्मीद बा कि सेना नागरिक के रक्षा के कर्तव्य निश्चित रूप से निभावी। शंकराचार्य कहले कि बांग्लादेश में करीब 10 प्रतिशत हिन्दू रहेले। इनकर सुरक्षा जरूरी बा। एहसे ऊ बांग्लादेश सेना से हिन्दू के सुरक्षा सुनिश्चित करे के अपील करीहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]