[the_ad_group id="30365"]

मुरादाबाद में घटल शर्मनाक घटना: किशोरी के अगवा क के भइल सामूहिक दुष्कर्म, बिना कपड़ा के सड़क पर दउड़त वीडियो भइल वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुर क्षेत्र के सामूहिक दुष्कर्म पीड़ित किशोरी के सोशल मीडिया पर निर्वस्त्र वीडियो वायरल भइल बा। वीडियो में ऊ सड़क पs बिना कपड़ा के जात लउकत बाड़ी। एगो महिला एह वीडियो के ट्वीट कs के मुरादाबाद पुलिस के टैग कइले बा। पुलिस एगो आरोपी के पहिलही गिरफ्तार कर चुकल बीया।

दुष्कर्म के घटना एक सितंबर के साँझ के भइल रहे। क्षेत्र के पंद्रह साल के किशोरी मेला देखे गइल रहली। भोजपुर के इस्लामनगर निवासी आरोपी नितिन, कपिल, अजय, नौशे अली अउरी इमरान उनके बाइक से अगवा कs लिहलें। सैदपुर खद्दर के जंगल में आरोपी लोग किशोरी के साथ सामूहिक दुष्कर्म कइले रहने। किशोरी के चीखपुकार पs नजदीकी खेत में काम कs रहल लोग आइल त आरोपी भाग गइल रहने। किशोरी भी मौका से बिना कपड़वे के सड़क पर आगे चल गइल रहली। एही दौरान केहू वीडियो बना लिहलें रहे।

सात सितंबर के एसपी के आदेश पर पुलिस सामूहिक दुष्कर्म के मुकदमा दर्ज कs के 15 सितंबर के आरोपी नौशे अली के गिरफ्तार कs लिहलस। मंगर के एगो महिला किशोरी के निर्वस्त्र वायरल वीडियो ट्वीट कइलस जेमें मुरादाबाद पुलिस के भी टैग कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]