[the_ad_group id="30365"]

शर्मनाक: पटना में महादलित महिला के पीटे, नग्न कs के घुमावे आ पेशाब पियवले के आरोप, पुलिस कs रहल बिया तफ्तीश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पटना : बिहार के राजधानी पटना से बहुत शर्मनाक खबर सामने आईल बा। पटना में एगो 45 साल के महादलित महिला पs बदमाश के मारपीट, नंगा क के पेशाब पियावे के आरोप लागल बा। पटना पुलिस ए घटना के गंभीरता से लेके एकर पूरा जांच करतिया। घटना पटना के खुसरुपुर गांव के ह। घटना के बाद पूरा गांव में तनाव मचल बा अवुरी पूरा गांव में पुलिस कैंप करतिया।

कुछ महीना पहिले पटना के खुसरुपुर के मौसीमपुर गांव में एगो 45 साल के महादलित महिला गांव के एगो दबंग आदमी से डेढ़ हजार रुपया के कर्जा लेले रहली। महिला ब्याज के संगे पईसा ओ आदमी के वापस क देलस। एकरा बावजूद उ आदमी महिला से अवुरी ब्याज के मांग करे लागल। बतावल जाता कि जब महिला ब्याज के पईसा देवे से इनकार कs देलस तs शनिवार के रात में दबंग आदमी ओकरा के उठा के अपना घरे ले गईल, जहां ओकरा के पीट-पीट के नंगा क दिहल गईल। महिला के आरोप बा कि ओकरा के जबर्दस्ती पेशाब भी पीये के पड़ल। महिला बतवली कि रविवार के उहाँ से कवनो तरीका से भाग के खुसरुपुर थाना के सूचना देली।

महिला घटना के कारण बतवलस

जानकारी मिलते पुलिस घाही महिला के इलाज खातीर खुसरुपुर के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करवलस। पुलिस अनुमंडल अधिकारी सियाराम यादव बतवले कि महिला के ओर से आरोप लगावल गईल बा कि उ केहु के ₹ 9000 लोन के रूप में देले बिया। एतने ना, महिला खुद ₹ 1500 के लोन भी लेले रहली। महिला बतवली कि उ खुद लोन के पईसा वापस क देले बाड़ी, जबकि जवना आदमी के उ लोन देले रहली उ पईसा वापस ना कईलस। कर्जा देवे वाला दबंग आदमी महिला से पईसा के मांग कईले। जब महिला पईसा देवे से इनकार कs देलस त गांव के एगो दबंग आदमी, जेकर पहचान प्रमोद सिंह के रूप में भईल बा, जबर्दस्ती ओकरा के लेके चल गईल। ओकरा के मारल गइल आ ओकरा बाद ओकरा के पेशाब भी पियावल गइल।

पुलिस घटना के छानबीन में जुटल बिया

फतुहा पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी बतवले कि पेशाब पीयइले के अवुरी नंगा करे के मामिला के छानबीन होखता। उ बतवले कि महिला के आवेदन पs खुसरुपुर थाना में अनुसूचित जाति-जनजाति के तहत मामिला दर्ज भईल बा। घटना के गंभीरता के देखत पुलिस गांव में कैंप लगावतिया। उ बतवले कि आरोपी के गिरफ्तारी खातीर छापामारी कईल जाता। एही बीच पटना के ग्रामीण एसपी सैयद इमरान मसूद बतवले कि जांच के दौरान पावल गईल कि आरोपी पक्ष अवुरी पीड़िता के बीच पईसा के लेनदेन के लेके विवाद चलता, जवना के चलते आरोपी पक्ष महिला के संगे मारपीट कईलस।जांच तs अयीसन दूर एह बात के पुष्टि कइले बा कि ओह औरत के साथे मारपीट भइल बा बाकिर बाकी आरोपन के जाँच अबहीं चलत बा।

साभार- इंडिया टीवी

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]