[the_ad_group id="30365"]

इंसानियत भइल शर्मसार, बोतल में नाली में तैरत मिलले 7 भ्रूण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कर्नाटक के बेलागावी जिला के मुडालगी कस्बा में मानवता के शर्मसार करे के मामला सोझा आईल बा, जहां नाली में 7 भ्रूण मिलल बाने।

एह भ्रूणन के बोतल में डाल के नाली में फेंक दिहल जात रहे. मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक स्थानीय थाना में मामला दर्ज क लिहल गईल बा। जिला स्वास्थ्य अधिकारी महेश कोनी बतवले कि इ भ्रूण 5 महीना के बा। ओह लोग के लैंगिक निर्धारण के प्रक्रिया से गुजरे के पड़ी. जिला स्वास्थ्य विभाग ए मामला के जांच के आदेश देले बा। जहां स्थानीय लोग के भ्रूण मिलल बा, उ जगह जिला के बस स्टॉप के लगे बा। मिलते ही लोग पुलिस से शिकायत कईले। सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस मौका के निरीक्षण कईलस।

जिला स्वास्थ्य एवं परिवार कल्याण अधिकारी डॉ. महेश कोनी मीडिया के लोग से कहले कि, ‘एक कनस्तर में सात गो भ्रूण मिलल बा। पांच महीना के भ्रूण में भ्रूण के लिंग के पता लगा के मारे के मामला सामने आईल बा। जिला प्रशासन के सूचना दिहला के तुरंत बाद अधिकारी के टीम के गठन क जांच कईल जाई ई मामला दर्ज हो गइल बा. आगे के जांच कईल जाता।

पिछला महीना के शुरुआत में उत्तर प्रदेश से भी अइसने खबर आइल रहे। इहाँ उत्तर प्रदेश पुलिस नोएडा के फेज-3 थाना क्षेत्र के सेक्टर-71 में स्थित एगो होटल से छह महीना के भ्रूण बरामद कईले रहे। इ जानकारी अधिकारी लोग के ओर से दिहल गईल। उ बतवले कि एगो महिला अवुरी एगो पुरुष होटल के कमरा में दु दिन से ठहरल रहले अवुरी जब उ लोग होटल से निकलले त उहाँ के कर्मचारी के कमरा से भ्रूण मिलल। अधिकारी के मुताबिक कमरा लेवे खाती पेश आधार कार्ड के डिटेल से महिला के पता लगावल गईल बा, जबकि पुरुष के आधार कार्ड फर्जी निकलल बा।

थाना प्रभारी विवेक त्रिवेदी के मुताबिक मामला के गंभीरता के देखत एकर जांच खाती बहुत पुलिस टीम बनावल गईल बा। उ बतवले रहले कि होटल में लागल सीसीटीवी कैमरा अवुरी निगरानी प्रणाली के मदद से आरोपी के पता लगावल जाता। त्रिवेदी के मुताबिक, पुलिस के शक बा कि महिला के संगे गईल आदमी डॉक्टर रहे अवुरी उ महिला के होटल के कमरा में अवैध तरीका से गर्भपात क देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]