[the_ad_group id="30365"]

शाहरुख इंटरनेशनल ऑडियंस के सामने कहले ‘ हमरा के गूगल कऽ लिहऽ’, अब गूगल अइसन देलस जवाब 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकार्नो फिल्म फेस्टिवल में एगो कार्यक्रम में इंटरव्यू देबे वाला शाहरुख से परिचय करावे से पहिले होस्ट कहलन कि जे उनका के नइखे जानत ओकरा खातिर एह कमरा में कवनो लोग नइखे बाकिर ई साक्षात्कार अइसहीं प्रसारित हो रहल बा…. ‘. के बा। तब शाहरुख कहलन कि जे उनका के नइखे जानत उऽ पहिले बाहर निकल के गुगल कर ली।

इंडियन सुपरस्टार शाहरुख खान ने हालहीं में इंटरनेशनल ऑडियंस के अपना चार्म के जादू से सराबोर कऽ देले।शाहरुख हालही में स्विट्जरलैंड के लोकार्नो शहर चहुँप रहले जहाँ लोकार्नो फिल्म फेस्टिवल में उनका के लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल।

शाहरुख पहिला भारतीय सेलिब्रिटी हउअन जिनका के लोकार्नो फिल्म फेस्टिवल के लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड Pardo alla Carriera’ या ‘करियर लेपर्ड’ से सम्मानित कइल गइल बा। एह आयोजन में चहुँपल शाहरुख प्रशंसकन से बातचीत कइलन आ उनकर फिल्म ‘देवदास’ ओहिजा देखावल गइल। फिल्म महोत्सव में प्रशंसकन के साथे एगो लमहर सवाल जवाब सत्र में शाहरुख सर्च इंजन गूगल के जिक्र कइले रहले। अब गूगल शाहरुख के बात पs प्रतिक्रिया देले बा।

शाहरुख कहले, ‘जे हमरा के ना जाने, उ बाहर निकल जाए’। 

लोकार्नो फिल्म फेस्टिवल में एगो कार्यक्रम में इंटरव्यू देबे वाला शाहरुख से परिचय करावे से पहिले होस्ट कहलन कि जे उनुका के नइखे जानत अइसन एह कमरा में लोग नइखे बाकिर ई साक्षात्कार अइसहीं प्रसारित हो रहल बा. .. ‘.। शाहरुख मेजबान के बात काटत कहले, ‘जे हमरा के ना जानत बा, उ बाहर निकले के चाही… हमरा बारे में गूगल करस, आ फेर वापस आ जास।’ ई सुन के ओहिजा मौजूद दर्शक आ मेजबानो खूब हँसले।

अब गूगल शाहरुख के बात पs रियेक्ट कइले बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs, अपना ऑफिशियल हैंडल से गूगल एगो पोस्ट शेयर कइलस जवना में शाहरुख के फोटो तस्वीर के साथ ‘ हमरा के गूगल कऽ ली’ कोट लिखले बा। एह पोस्ट के शेयर करत गूगल शाहरुख के टैग कइलस आ उनका नाम से पहिले तीन क्राउन इमोजी लगवलस, कवन ‘किंग’ के सिंबल हऽ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]