Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शाही आलू मसाला करी, स्वाद अइसन बा कि सब केहू अँगुरी चाटत रह जाएब 

हमनी के खाना में आलू के सब्जी के आपन खास जगह बा, इ सब्जी सप्ताह में दु से तीन बेर बनावल जाला। अगर रउवा मसालेदार सब्जी खाए के शौकीन बानी आ मेहमानन खातिर कुछ बढ़िया सब्जी बनावल चाहत बानी त एह लेख में हमनी के रउरा खातीर स्वादिष्ट मसालेदार आलू मटर के करी बना देब जा।

217

शाही आलू मसाला करी, स्वाद अइसन बा कि सब केहू अँगुरी चाटत रह जाएब

आलू के सब्जी अइसन सब्जी ह जवन लगभग हर घर में बनेला, इ सब्जी लईका-बड़ लोग के पसंद आवेला। हमनी के खाना में आलू के सब्जी के आपन खास जगह बा, इ सब्जी सप्ताह में दु से तीन बेर बनावल जाला। अगर रउवा मसालेदार सब्जी खाए के शौकीन बानी आ मेहमानन खातिर कुछ बढ़िया सब्जी बनावल चाहत बानी त एह लेख में हमनी के रउरा खातीर स्वादिष्ट मसालेदार आलू मटर के करी बना देब जा। ई सब्जी बनावल बहुत आसान होला आ सब्जी भी बहुत स्वादिष्ट होला, रउवा सब्जी के रोटी, परंठा, चपाती आ चावल के साथे परोस सकेनी।

 

सामग्री (Ingredients) –

Little Potato छोट आलू – 15 – 20 पीस

Mustard oil सरसों तेल – 3 बड़ चम्मच

Black and green cardamom काली आ हरीयर इलायची – 2 (1+1)

Cumin जीरा – 1/2 छोट चम्मच

Onion paste प्याज पेस्ट – 2

Grated ginger garlic कद्दूकस लहसुन अदरक – 1 छोट चम्मच

Red chilli powder लाल मिर्च पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Cumin powder जीरा पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Garam masala powder गरम मसाला पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Coriander powder धनिया पाउडर – 1/2 छोट चम्मच

Kashuri Methi कसूरी मेथी – 1 छोट चम्मच

Tomato Puree टमाटर प्यूरी – 2

Turmeric powder हल्दी पाउडर – 1/4 छोट चम्मच

Salt to taste नमक स्वादानुसार

Green peas हरीयर मटर – 100 ग्राम

Green chilli हरीयर मिरचा – 2

Water पानी – 2 कप

Some coriander leaves तनी सा हरीयर धनिया

 

सब्जी बनावे के विधि (How to make Sabji) –

•सबसे पहिले तमाम छोट आलू के छील के पानी से बढ़िया से धो लीं।

• अब कुकर के गैस पे डाल दीं, फिर ओकरा में आलू, दू कप पानी आ 1 चम्मच नमक डाल दीं। कुकर के ढक्कन से ढंक के आलू के तेज लौ पे एक सीटी तक पकाईं।

•कुकर के एक सीटी के बाद अब गैस से निकाल के ठंडा होखे खातिर रखीं।

• एकरा बाद ढक्कन निकाल के आलू के पानी से छान ली|

•अब आलू तलला खातिर कड़ाही में तेल डाल के बढ़िया से गरम करीं।

•जब तेल बढ़िया से गरम हो जाव त ओकरा में पूरा आलू डाल के समान रूप से हिला के ऊपर से सुनहरा रंग के होखे तक भूनी।

•आलू के तलला के बाद एक थाली में निकाल लीं।

•अब ग्रेवी खातिर कुकर में तीन चम्मच सरसों के तेल डाल के बढ़िया से गरम करीं।

•तेल गरम भइला के बाद जीरा आ इलायची डाल के भूंज लीं। एकरा बाद ओकरा में पिसल प्याज अउरी कसाइल अदरक के लहसुन डाल के 2 से 3 मिनट तक भूनी जाए ताकि ओकरा में कच्चापन ना होखे।

•प्याज के तलला के बाद अब लाल मिर्च पाउडर, जीरा पाउडर, धनिया पाउडर, गरम मसाला पाउडर, कसोरी मेथी डाल के मिला लीं।

•एकरा बाद टमाटर के प्यूरी, हल्दी पाउडर, स्वाद के मुताबिक नमक अउरी एक चम्मच पानी डाल के मसाला में सभ चीज़ के बढ़िया से मिला के समान रूप से हिलावत मध्यम लौ पे भूनी, जब तक कि मसाला सूख ना जाए अउरी पकला के बाद तेल ना रह जाए।

•मसाला के बढ़िया से भुनला के बाद अब ओकरा में हरियर मटर आ दू गो हरियर मिर्च डाल के 2 मिनट अउरी भूंज लीं, ताकि मटर मसाला में मिल जाव आ बढ़िया से पक जाव।

•एकरा बाद मसाला में दु कप पानी मिला के ओकरा बाद बिना सीटी के कुकर के ढंक के, सब्जी के धीमा आग पे 6 से 7 मिनट तक पकाईं।

•सब्जी पकावे के बाद अब गैस बंद क के सब्जी में कुछ बारीक कटल हरियर धनिया डाल के ओकरा के मिला लीं।

•मसालेदार आलू के करी तैयार हो गईल बा। रोटी पराठा पूरी या चावल के साथ खाए खातिर सब्जी परोसीं।

 

 

497090cookie-checkशाही आलू मसाला करी, स्वाद अइसन बा कि सब केहू अँगुरी चाटत रह जाएब 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.